रूस यूक्रैन के दु गो राज्य के स्वतंत्र घोसित कइलस।

Share

पुरवी यूरोप में यूक्रेन अउर रूस के बीच के तनातनी अबले के सबसे भेयावः दौर पs चहुँप गइल बा। रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन यूक्रेन के विद्रोहियन के कब्जा आला लुहांस्क अउर डोनेट्स्क राज्य के स्वतंत्र देश के तौर पs मान्यता दे देहले बानें। पुतिन अपने टेलीविजन से बोलले में यूक्रेन सरकार, नाटो फोर्सेस अउर अमेरिका सरकार पs जमके निसाना सधनें।

रूसी राष्ट्रपति दू टूक लहजा में कहनें कि यूक्रेन अमेरिका के कॉलोनी बन गइल बा, जहवाँ कठपुतरी सरकार चलs तिया| पुतिन के ए बयान पs यूक्रेन के राष्ट्रपति जेलेंस्की जबाब देत कहनें कि हमनीं के डेरानी के नाइ। जेलेंस्की के अभिनिओ पच्छिम के देसन के समर्थन के उमीद बा|

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-