22 फरवरी 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2022

दिनांक- 22 /02/2022 गणेशाय नमः  आज के पंचांग  फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि- षष्ठी साँझ के 05 बजके 33 मिनट ले, ओकरा बाद सप्तमी। दिन-मंगर। स्वाती नक्षत्र दिन में 02 बजके 50 मिनट ले, ओकरा

Share

दिनांक- 22 /02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

साँझ के 05 बजके 33 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन-मंगर।

स्वाती नक्षत्र

दिन में 02 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

वृद्धि जोग

दिन में 10 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

गर करण।

गुर्वस्त: पश्चिमे

दिन में 03 बजके 48 मिनट पs।

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-23/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन में 03 बजके 29 मिनट ले।

दिन-बुध।

विशाखा नक्षत्र

दिन में 01 बजके 29 मिनट ले।

ध्रुव जोग

भोर के 07 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

वव करण।

सर्वार्थामृतसिद्धियोग:, रवि जोग,

दिन में 01 बजके 29 मिनट ले।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। शासन सत्ता के लाभ मिली। कइल गइल मेहनत सफल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 उच्च अधिकारी के लाभ मिली। धरम गुरु के आसीरवाद भेंटी। दामपत्य जिनगी में तनाव आ सकेला। धीर राखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  शिक्षा से जुड़ल प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। परिवार के प्रतिष्ठा बढ़ी। उलझन बढ़ सकेला।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

  उपहार भा सम्मान मिली। रिस्तन में मजबूती आई। बाकिर कुटुंब से परेसानी मिल सकेला, आवा-जाही रही, धीरज से काम लीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  मंगल भा सांस्कृतिक उत्सव में भाग लेम। शिक्षा से जुड़ल प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। कइल गइल कोसिस सफल होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

 रचना के काम सफल होई। जीवन साथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्मविसवास बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

  भावुकता पs लगाम रखला के जरूरत बा, घर के मुखिया के सहजोग मिली। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। शासन सत्ता से सहजोग लेला से सफलता मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

  पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई, घर के जरूरी सामान बढ़ी। शासन सत्ता के सहजोग मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 उपहार भा सम्मान मिली। रिस्ता मजबूत होई। बाबूजी भा धरम गुरु के सहजोग मिली। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी, कइल गइल मेहनत सफल होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 विरोधियन के हार होई, स्वास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा। बहुते उमेद के काम पूरा होखला से आत्मसम्मान बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

   संतान भा शिक्षा के वजे से तनाव मिल सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.