कांग्रेस छोड़ साइकिल पs सवार भइलें कपिल सिब्बल : सपा के समर्थन से राज्यसभा खातिर सिब्बल दाखिल कईले नामांकन

कुमार आशू

कांग्रेस के दिग्गज कपिल सिब्बल पार्टी छोड़ दिहले बाड़न. बुध का दिने ऊ समाजवादी पार्टी के समर्थन से राज्यसभा खातिर आपन नामांकन दाखिल कइलन. सिब्बल कांग्रेस के हाईकमान खास तौर प राहुल गांधी प सवाल उठवले बाड़े, अयीसन हालत में मानल जात रहे कि कांग्रेस उनुका के शायदे राज्यसभा भेज दिही। नामांकन से पहिले सिब्बल सपा कार्यालय जाके अखिलेश के संगे राज्यसभा पहुंचल रहले।

नामांकन दाखिल कईला के बाद सिब्बल कहले कि उ खुद 16 मई के कांग्रेस पार्टी से इस्तीफा दे देले रहले। सिब्बल फिलहाल यूपी से कांग्रेस कोटा से सांसद बाड़े, लेकिन अबकी बेर यूपी में पार्टी के एतना विधायक नईखन, के उनुका के फेर से राज्यसभा भेज सकता। एह से सिब्बल के भविष्य के लेके अटकल लगावल जात रहे, अब समाजवादी पार्टी के टिकट प नामांकन दाखिल क के उ तमाम अटकल के अंत क देले।

मजेदार बात ई बा कि जब कांग्रेस में सिब्बल के टिकट पर सस्पेंस बरकरार रहे तब ओह घरी 3 गो बड़का विपक्षी दल अपना कोटा से उनुका के राज्यसभा भेजे खातिर तइयार रहुवे. उत्तर प्रदेश से सपा, बिहार से राजद अवुरी झारखंड से  सिब्बल के राज्यसभा भेजे के मूड बनवले रहले। हालांकि सिब्बल अखिलेश के संगे जाए के मन बना लेहले।

Share This Article