[the_ad_group id="30365"]

रामपुर-आजमगढ़ में लोकसभा उपचुनाव 23 जून के, 26 जून के आई रिजल्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय चुनाव आयोग (Election Commission of India) रामपुर-आजमगढ़ लोकसभा सीट पs उप चुनाव के तारीख के घोषणा कs देले बा। रामपुर सीट मो. आजम खान आ आजमगढ़ सीट से अखिलेश यादव के विधानसभा चुनाव जीतला के बाद इस्तीफा देला के कारण खाली भइल रहे। अब एह दुनू सीट पs 23 जून के मतदान होई। 26 जून के मतगणना होई।

चुनाव आयोग से जारी अधिसूचना के मोताबिक रामपुर आ आजमगढ़ लोकसभा उपचुनाव खातिर नामांकन करे के अंतिम तिथि 6 जून बा। मतदान 23 जून के होई। रिजल्ट 26 जून के घोषित होई। मो. आजम खान रामपुर सदर सीट से विधायक चुनल गइल बाड़े। ऊ रामपुर संसदीय सीट से इस्तीफा देले बाड़े।

ओहिजा सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव मैनपुरी के करहल सीट से चुनाव जीतले बाड़े। ऊ आजमगढ़ संसदीय सीट से इस्तीफा देले रहस। एकरा संगही चुनाव आयोग यूपी के 13 विधान परिषद सीट के चुनाव की तारीखन के ऐलान कइलस।  एकरा खातिर 20 जून के वोटिंग होई। ओहि दिन परिणाम घोषित हो जाई।

पंजाबो के एगो लोकसभा सीट पs होई चुनाव

एकरा अलावे पंजाब के संगरूर लोकसभा सीट पs 23 जून के उपचुनाव होई। चुनाव आयोग त्रिपुरा के अगरतला आ टॉउन बोर्डोवाल, सुरमा सुरक्षित, जुबराजनगर विधानसभा सीट, आंध्रप्रदेश के अत्माकुर, दिल्ली के राजेंद्र नगर, झारखंड के मंदार विधानसभा सीट पs उपचुनाव के घोषणा कइले बा।

 

लोकसभा/विधानसभा उप चुनाव के कार्यक्रम

  • चुनाव के अधिसूचना जारी होखे के तिथि- 30 मई
  • नामांकन के अंतिम तिथि – 6 जून
  • नामांकन पत्रन के जांच – 7 जून
  • नामांकन वापसी के तिथि – 9 जून
  • मतदान के तिथि – 23 जून
  • मतगणना के परिणाम – 26 जून

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]