Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rajendra Kumar Birth Anniversary: रुपहला पर्दा पs राज करे वाला राजेंद्र कुमार के आखिर काहे बेचे के पड़ल रहे आपन लकी बंगला, 50 रूपिया लेके आइल रहले मुंबई

2,668

 

अपना सदाबहार फिलिमन खातिर जानल जाए वाला सर्वश्रेष्ठ अभिनेता राजेंद्र कुमार शायद आजु एह दुनिया में ना होखस बाकिर हिंदी सिनेमा में उनुकर योगदान हमेशा याद राखल जाई। चार दशक के फिलिम करियर में राजेंद्र कई गो सफल फिलिम दिहलें आ इहे कारण बा कि ऊ आजुओ लोग के दिल में जिंदा बाड़न। 60 के दशक में उ चरण राजेंद्र कुमार के कैरियर में भी आईल जब एकही समय में उनुकर 5 से 6 फिलिम रिलीज होखे लागल अवुरी एहीसे उनुका के जुबली कुमार के नाम से भी बोलावल गईल। त आईं राजेंद्र कुमार के जन्मदिन के मौका पs उनुका जीवन के कुछ महत्वपूर्ण पहलू के बारे में बताई।

20 जुलाई 1929 के पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के सियालकोट में जनमल राजेंद्र कुमार के बचपन से फिलिम के शौक रहे। बाद में राजेंद्र अपना शौक के आपन पेशा बना लिहले। राजेन्द्र कुमार साल 1950 में फिल्म ‘जोगन’ से आपन सिनेमाई कैरियर शुरू कइले रहले। फिल्म में राजेंद्र के संगे दिलीप कुमार अवुरी नरगिस जईसन स्टार भी रहले। पहिला फिल्म में राजेंद्र के अभिनय खातिर सराहल गइल। लेकिन राजेन्द्र कुमार से जुबली कुमार बने के सफर भी ओतना आसान ना रहे। एकरा खातिर अभिनेता के भी बहुत ठोकर लागल।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक जब राजेंद्र कुमार अपना बड़ सपना के संगे सियालकोट से मुंबई चल गईल रहले त उनुकर जेब में मात्र 50 रुपया रहे। ई पइसा अभिनेता अपना पिता के घड़ी बेच के बटोरले रहले। मुंबई में राजेंद्र के गीतकार राजेन्द्र कृष्ण के समर्थन मिलल आ ओह घरी राजेंद्र 150 रुपिया के वेतन पs निर्देशक एचएस रवैल के सहायक के काम करत रहले। राजेंद्र के पहिला फिलिम रहल ‘जोगन’ साल 1950 में बाकिर एह इंडस्ट्री में आपन असली जगहा पावे में उनुका सात साल के लमहर समय लागल।

साल 1957 में आईल फिलिम ‘मदर इंडिया’ रातों रात राजेंद्र  कुमार के किस्मत बदल दिहलस। एह फिलिम में नरगिस मुख्य भूमिका में रहले। राजेन्द्र कुमार के किरदार छोट रहे बाकिर ऊ अपना किरदार के पूरा जान डाल देले रहले आ दर्शकन के सराहना भी जुटावे में सफल रहलें। एकरा बाद राजेंद्र कुमार साल 1963 में फिलिम ‘महबूब’ से मशहूर हो गइलन आ राजेंद्र ‘द सुपरस्टार राजेन्द्र कुमार’ बन गइलन। एकरा बाद अभिनेता कबो पीछे मुड़ के ना देखले अवुरी सफलता के सीढ़ी चढ़त रहले। राजेंद्र कुमार के साल 1964, 1965 आ 1966 यानी लगातार तीन साल खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के फिल्मफेयर अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल। राजेन्द्र कुमार के वर्ष 1969 में पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल रहे।

हालांकि 70 के दशक ले राजेंद्र कुमार के आकर्षण फीका होखे लागल। उनुका जगहा एह इंडस्ट्री में सुपरस्टार राजेश खन्ना ले लिहले। राजेंद्र के जिनिगी में एगो अइसन समय आइल जब फिलिमन ना मिलला का चलते उनुका आर्थिक संकट के सामना करे के पड़ल। संकट एतना बढ़ गईल कि राजेंद्र के आपन लकी बंगला राजेश खन्ना के बेचे के पड़ल। राजेन्द्र कुमार 12 जुलाई 1999 के आखिरी सांस लेहले। हो सकेला कि राजेंद्र आजु एह दुनिया में ना होखस बाकिर अपना बेहतरीन काम के माध्यम से ऊ हमेशा अमर बनल रहीहें।

 

604540cookie-checkRajendra Kumar Birth Anniversary: रुपहला पर्दा पs राज करे वाला राजेंद्र कुमार के आखिर काहे बेचे के पड़ल रहे आपन लकी बंगला, 50 रूपिया लेके आइल रहले मुंबई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.