Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खेसारी लाल यादव पs लटकल गिरफ्तारी के तलवार! भोजपुरी स्टार के खिलाफ जारी गैर-जमानती वारंट

अभिये-अभी तs खेसारी के पवन सिंह से दोस्ती भइल रहे, एक्टर के जिंदगी से मुश्किल कम होखे लागल रहे, बाकिर फेर एगो विवाद उनकर दामन थाम लेले बा। हालांकि ई विवाद नया नइखे बलुक 2019 के हs। खेसारी उर्फ शत्रुघ्न कुमार के खिलाफ गैर जमानती वारंट जारी कइल गइल बा।

1,960

भोजपुरी फिलिमन के सुपरस्टार खेसारी लाल यादव मुश्किल में पड़त दिखाई दे रहल बाड़ें। रिपोर्ट्स के मानीं तs, एक्टर के गर पs गिरफ्तारी के तलवार लटक रहल बा। खेसारी के खिलाफ गैर-जमानती वारंट जारी कइल गइल बा। छपरा कोर्ट 2019 के जमीन विवाद आ चेक बाउंस ममिला में ई वारंट जारी कइले बा।

बुरा फंसलें खेसारी

अभिये-अभी तs खेसारी के पवन सिंह से दोस्ती भइल रहे, एक्टर के जिंदगी से मुश्किल कम होखे लागल रहे, बाकिर फेर एगो विवाद उनकर दामन थाम लेले बा। हालांकि ई विवाद नया नइखे बलुक 2019 के हs। खेसारी उर्फ शत्रुघ्न कुमार के खिलाफ गैर जमानती वारंट जारी कइल गइल बा। छपरा कोर्ट सुनवाई के बाद ई फैसला लेलस। दरअसल, खेसारी पत्नी चंदा देवी के नाम से एगो जमीन के डील कइले रहस। आरोप के मोताबिक, एक्टर जमीन तs किनले बाकिर ओकर पईसा ना चुकवलें। एह ममिल में खेसारी के खिलाफ पहिलही कार्रवाई चल रहल बा। न्यायिक दंडाधिकारी रसूलपुर थाना कांड संख्या 120/19 के एनआईएक्ट विचारण संख्या 241/21 के तहत ई आदेस देलें बाड़ें।

गिरफ्तारी से बचे खातिर एक्टर पहिलही अंतरिम जमानत ले लेले रह। बाकिर एकरा बादो ऊ एको सुनवाई में सामिल ना भइलें। ना ऊ भा ना उनकर वकील एकर कागजात कोर्ट से लिहल लो। लगातार होत देरी के देखते कोर्ट खेसारी के गैर-जमानती वारंट के आदेश देलस। खेसारी के तरफ से लगातार होत देरी ममिला के आउर संगीन बना देले बा। कोर्ट ना खाली वारंट जारी कइलस, बलुक एक्टर के अंतरिम बेल के आदेसो के खारिज कs देलस। अइसन में खेसारी के ऊपर गिरफ्तारी के तलवार लटक रहल बा।

का बा पूरा ममिला 

चार साल पहिले रसूलपुर थाना क्षेत्र के असहनी निवासी मृत्युंजयनाथ पांडे रसूलपुर थाना में 16 अगस्त 2019 के भोजपुरी सुपरस्टार पs FIR दर्ज करवले रहस। आरोप में कहल गइल कि मृत्युंजयनाथ अपना खरीदी जमीन के बेचे खातिर शत्रुघन कुमार उर्फ खेसारी लाल के पत्नी चंदा देवी से 22 लाख 7 हजार रुपिया में बात कइले रहास। एकर रजिस्ट्री 4 जून 2019 के एकमा रजिस्ट्री कार्यालय में भइल रहे। ओह घरी खेसारी लाल यादव कैश के बदला में 18 लाख रुपिया के चेक देले रहस। मृत्युंजयनाथ पांडे चेक के 20 जून 2019 के अपना खाता में जमा करवले रहस। बाकिर ई चेक 24 जून के वापस आ गइल। ऊ फेर 27 जून के जमा कइलें तs बैंक के तरफ से 28 जून 2019 के चेक बाउंस होखे के जानकारी दिहल गइल। चेक बाउंस होखला के बाद ऊ रसूलपुर थाना में FIR दर्ज करवलें।

पुलिस ममिला में एक्शन लेत, 22 अगस्त 2020 के IPC के धारा 406 आ 138 NI एक्ट के अंतर्गत केस दाखिल कs लेले रहे। मानल जा रहल बा कि एक भा दु दिन में खेसारी लाल यादव माननीय न्यायालय के समक्ष पेश हो सकत बाड़ें।

606860cookie-checkखेसारी लाल यादव पs लटकल गिरफ्तारी के तलवार! भोजपुरी स्टार के खिलाफ जारी गैर-जमानती वारंट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.