Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में खतम होखे लागल नौतपा के असर : 4 जून से पहिले बरखा के आसार, हीटवेव से राहत

386
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर में नौतपा के असर अब खतम होखे लागल बा। सनीचर से ठंडा हवा चले से तापमान में गिरावट आइल बा। नौतपा में भीषण गर्मी के बाद आठवां दिन गरमी से कुछ राहत मिलल बा। मई के महीना में अबकी बेर गरमी अपना चरम पs रहल, जिला के अधिकतम तापमान 45°C तक पहुंचल।

बाकिर, बिहान माने शनिवार को आसमान में बादल छाइल रहल। जबकि, अतवार से यूपी के 30 जिलन में बरखा होखे के संभावना बा। जवन कि चार जून तक जारी रही। एह बीच गोरखपुर आ आसपास के जिलन में बरखा के उम्मीद बा।

अब ना चली हीटवेव

हालांकि, एह हल्का बरखा से टेंप्रेचर में कवनो खास फरक तs ना पड़ी, जबकि, बरखा के बाद उमस आउर बढ़ जाई। मौसम विभाग के मोताबिक, चार जून तक यूपी में बरखा के आसार बा। ओकरा बाद हीटवेव के कंडीशन नइखे बनत दिख रहल बा। बंगाल के खाड़ी से आवे वाला नम हवा यूपी में गरमी कs रहल बा। एसे हीट इंडेक्स बढ़ी। एह मौसम में बॉडी के हाइड्रेट रखल बहुत जरूरी बा।

अतवार के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 32°C
दुपहरिया 2 बजे- 39°C
रात 8 बजे- 33°C
अधिकतम टेंप्रेचर- 39°C

सनीचर के टेंप्रेचर

सबेरे 8 बजे- 33°C
दुपहरिया 2 बजे- 41°C
रात 8 बजे- 31°C
अधिकतम तापमान- 42°C

4 जून के पहले होई बरखा

मौसम विभाग के मोताबिक आजूओ अधिकतम तापमान 39.2°C से 40.2°C के आसपास बनल रहे के संभावना बा। ओहिजा, तेज हवा के दौर जारी रही। तापमान में गिरावट होखला से गरमी से कुछ हद तक राहत मिलल बा। आज से चार जून के बीच बरखा होखे के संभावना जतावल गइल बा।

पिछला एक हफ्ता के टेंप्रेचर

  • 1 जून: 40°C
  • 31 मई: 40°C
  • 30 मई: 42°C
  • 29 मई: 43°C
  • 28 मई: 40°C
  • 27 मई: 43°C
  • 26 मई: 42°C
852690cookie-checkगोरखपुर में खतम होखे लागल नौतपा के असर : 4 जून से पहिले बरखा के आसार, हीटवेव से राहत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.