बिहार: आजो बरखा-ओला आ ठनका गिरला के आशंका, मौसम विभाग के अलर्ट बढ़वलस किसानन के चिंता

Share

बिहार में फरवरी महीना के आखिर आ मार्च महीना के सुरुआत में गर्मी लोगन के पसीना छोड़ा देले रहे। बाकिर 15 मार्च के बाद से मौसम तेजी के संगे करवट बदललस आ फिर से मौसम सुहाना हो गइल बा। कइयन जिलन में ओलो पड़ल। मौसम विभाग के कहनाम बा कि ई मौसम अभी कुछ दिन बनल रही।

एक तरफ जहां बारिश गर्मी से राहत देले बा, ओहिजा फसलन के बहुते नुकसान भइल बा। आजो बिहार के 24 जिलन में हलुक से मध्यम बरखा होखला के संभावना जतावल गइल बा। एमे जमुई, मुंगेर, खगड़िया, बांका, कटिहार, पूर्णिया समेत आउर जिला सामिल बा। मौसम विभाग के मोताबिक पश्चिमी विक्षोभ सोमार के रात से लेके मंगर तक बिहार में आउर गहराई। एह दौरान बरखा, बिजली गिरला आ ओला गिरला के आसार लगातार बनल बा। बेमौसम बरखा होखला से सबसे जादे नुकसान फसलन के भइल बा।

बतावत चली कि बिहार में पटना समेत हाजीपुर, मुजफ्फरपुर, आरा आ गया समेत अलग-अलग जिलन में सोमार के जोरदार बरखा भइल। बिहार के लगभग एक दर्जन जिलन में रबी, दलहन समेत आम आ लीची के फसलन के नुकसान भइल बा। कृषि विभाग के रिपोर्ट के मोताबिक बेगूसराय, समस्तीपुर, सीतामढ़ी शिवहर, पूर्वी चंपारण आ मुजफ्फरपुर में फसलन के क्षति के रिपोर्ट दर्ज करावल गइल रहे। गया में 440 हेक्टेयर में लागल रबी फसल के क्षति के आशंका बा। एने, कृषि विभाग सब जिलन के डीएम के पत्र भेजके क्षति के रिपोर्ट मंगले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-