[the_ad_group id="30365"]

Railway News: गोरखपुर एलटीटी स्पेशल सहित कइयन ट्रेनन के फेरा बढ़ल, इहां पढ़ी पूरा डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यात्रियन के भीड़ के देखत रेलवे प्रशासन तीन जोड़ी ट्रेनन के फेरा बढ़वले बा। पहर सुक के चलावल जा रहल 05005 गोरखपुर अमृतसर स्पेशल अब 24 मार्च तक चलावल जाई। 18 मार्च तक हर सनीचर के चलावल जा रहल 05006 अमृतसर गोरखपुर स्पेशल अब 25 मार्च तक चली।

अइसहही 17 मार्च तक हर सुक के चलावल जा रहल 05059 गोरखपुर लोकमान्य तिलक टर्मिनस स्पेशल 24 मार्च तक, 05060 लोकमान्य तिलक टर्मिनस गोरखपुर स्पेशल 19 मार्च के जगह 26 मार्च तक, 05193 छपरा पनवेल स्पेशल प्रत्येक हर बियफे के 23 मार्च तक आ 05194 पनवेल छपरा स्पेशल 17 मार्च के जगह 24 मार्च तक चलावल जाई। ई जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह देलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]