Gorakhpur News: रेलकर्मी पत्नी के संगे फंदा से लटक के देलें जान, घर में मिलल सुसाइड नोट, कइलें रहस दूसरका बियाह

Share

शाहपुर थानाक्षेत्र के रेलवे डेयरी कॉलोनी में रेलवे कर्मचारी रामकृपाल कुशवाहा अपना पत्नी रोशनी संगे आत्महत्या कs लेलें। घटना सोमार के देर रात के हs। परिवारिक कलह से क्षुब्ध होके आत्मघाती डेग उठावे के ई ममिला सामने आ रहल बा। मृतक रामकृपाल रेलवे के यांत्रिक कारखाना में फिनिशिंग हेल्पर के पद पs कार्यरत रहस।

मृतक मूल रूप से देवरिया के रहे वाला रहस। शाहपुर के रेलवे डेयरी कॉलेनी में क्वार्टर संख्या 260 ए में दुगो लईकन के संग रहत रहस। पहिला पत्नी के मौत के बाद ऊ रोशनी संगे दूसरका बियाह कइले रहस। बतावल जा रहल बा कि पहिला पत्नी के बेटा आ बेटी के प्यार-दुलार के देखके रोशनी नाखुस रहत रहली।

एही बात के लेके आइल दिन दुनो के बीच खुन्नस बनल रहत रहे। सोमार के देर रात दुनो ने फांसी लगाके जान दे दिहाल लो। रात के बेटा उठल तs दूसरका कमरा में फंदा से लटकल माई-बाबूजी के शव देखके अपना बड़का बाबूजी के फोन कs के जानकारी देलस। एने,  सूचना पाके मवका पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में लेके पीएम खातिर भेज देलस।
कमरा से पुलिस के सुसाइड नोटो मिलल बा। परिवार सुसाइड के कारणन के पता लगावे में जुटल बिया। मंगर के सबेरे रिश्तेदार आवास पs पहुंच गइल रहे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-