नई दिल्ली। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण रेलवे खातिर बड़ एलान कइले बाड़ी। केंद्रीय बजट 2026 में सात गो हाई-स्पीड रेल कॉरिडोर बनावे के घोषणा कइल गइल बा। एमे दिल्ली-वाराणसी, वाराणसी-सिलीगुड़ी सहित सात गो हाई-स्पीड रेल कॉरिडोर सामिल बा।
वित्त मंत्री अपना बजट भाषण में कहली कि पर्यावरण के लिहाज से टिकाऊ यात्री परिवहन बेवस्था के बढ़ावा देवे खातिर शहरन के बीच ग्रोथ कनेक्टर के रूप में 7 गो हाई-स्पीड रेल कॉरिडोर बनावल जाई।
जानीं कहां-कहां बनल हाई-स्पीड रेल कॉरिडोर
- मुंबई से पुणे
- पुणे से हैदराबाद
- हैदराबाद से बेंगलुरु
- हैदराबाद से चेन्नई
- चेन्नई से बेंगलुरु
- दिल्ली से वाराणसी
- वाराणसी से सिलीगुड़ी
20 गो नया जलमार्ग के एलान
एकरा संगही अगिला पांच साल में 20 गो नया जलमार्ग सुरू कइल जाई। वाराणसी आ पटना में जहाज मरम्मत के सुविधा तइयार होई। समुंद्री विमान वीजीएफ योजना के सुरुआत कइल जाई।
वित्त मंत्री बजट भाषण में कहली, “पर्यावरण के लिहाज से टिकाऊ कार्गो मूवमेंट के बढ़ावा देवे खातिर पूरब में डंकुनी से लेके पश्चिम में सूरत तक नया डेडिकेटेड फ्रेट कॉरिडोर (DFC) बनावे के प्रस्ताव बा। अगिला पांच साल में 20 गो नया जलमार्ग चालू कइल जाई, जवना के सुरुआत ओडिशा में नेशनल वॉटर-वे 5 से होई। ई तालचेर आ अंगुल जइसन खनिज संपन्न इलाकन के पारादीप आ धमरा बंदरगाह से जोड़ी। वाराणसी आ पटना में अंतर्देशीय जलमार्ग खातिर शिप रिपेयर इकोसिस्टम बनावल जाई।”
रेलवे खातिर पिछिला बजट के अहम फैसला
रेलवे खातिर बजट 2025-26 में 2,55,445 करोड़ रुपिया आवंटित कइल गइल रहे। एमे कुछ खास फैसला रहे-
कवच सिस्टम: स्वचालित ट्रेन सुरक्षा प्रणाली ‘कवच’ के विस्तार खातिर आवंटन बढ़ावल गइल, ताकि मानवीय गलती से होखे वाला हादसा रोकल जा सके।
स्टेशन पुनर्विकास: ‘अमृत भारत स्टेशन योजना’ के तहत 1,337 स्टेशनन के आधुनिक बनावे खातिर चुनल गइल, जवना में से 1,197 पs काम सुरू हो चुकल बा।
वंदे भारत आ बुलेट ट्रेन: नया वंदे भारत ट्रेनन के सुरुआत आ बुलेट ट्रेन परियोजना (NHSRCL) खातिर 21,000 करोड़ रुपिया के निवेश जारी रही।
लॉजिस्टिक्स आ माल ढुलाई: माल ढुलाई क्षमता बढ़ावे खातिर ऊर्जा गलियारन आ जादे ट्रैफिक वाला इलाकन में ट्रैक के दोहरीकरण आ विद्युतीकरण पs जोर दिहल गइल।









