दवाई के दुकान पर मारल गइल छापेमारी, मचल हड़कंप

Share

सोनौली में महराजगंज, गोरखपुर अउरी देवरिया के संयुक्त ड्रग इंस्पेक्टर लोग के टीम मंगर ले साँझ छापेमारी कइलस। सोनौली के करीब आधा दर्जन दवाई के दुकान के जांच कइलें। जांच के दौरान दू दुकान के सीज कs दिहल गइल। एह दुकान में पूरा कागजात नाइ मिलल रहे। सथही कुछ दवाई के सैंपल जांच खातिर लिहल गइल। उहवें जांच के सूचना पs कई मेडिकल स्टोर वाले दुकान बंद कs के खिसक गइलें। अइसन दुकानन के सूची टीम तैयार कइलें बा।

महराजगंज ड्रग इंस्पेक्टर शिव कुमार नायक बतवलें कि नौतनवा तहसीलदार, देवरिया के ड्रग इंस्पेक्टर रूपेश मिश्रा अउरी गोरखपुर ड्रग इंस्पेक्टर जय सिंह कोतवाली इंचार्ज महेंद्र यादव के संगे एगो संयुक्त टीम बना के छापेमारी अभियान चलवलें। जांच आगे भी जारी रही। अवैध रूप से मेडिकल स्टोर अउरी नशीली दवाई के कारोबार नाइ होखे दिहल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-