राहुल गांधी : राहुल गांधी के संसद सदस्यता रद्द, लोकसभा सचिवालय जारी कइल नोटिफिकेशन

Minee Upadhyay

राहुल गांधी : राहुल गांधी के संसद सदस्यता रद्द, लोकसभा सचिवालय जारी कइलस नोटिफिकेशन

राहुल गांधी के संसद सदस्यता रद्द कर दिहल गइल बा| लोकसभा सचिवालय अधिसूचना जारी क के एकरा बारे में जानकारी देले बा। कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे कहले कि, हमनी के तब भी ना डेराएब।

राहुल गांधी अयोग्य : राहुल गांधी के संसद सदस्यता रद्द कर दिहल गइल बा| आजु लोकसभा सचिवालय अधिसूचना जारी करत ई जानकारी दिहलस| गुरुवार (23 मार्च) के सूरत के अदालत उनुका के आपराधिक मानहानि के मामला में दोषी ठहरवलस अउरी दु साल के जेल के सजा सुनवलस अउरी 15 हजार रुपया के जुर्माना भी लगवलस। हालांकि ए मामला के सुनवाई के दौरान कोर्ट उनुका के जमानत दे देलस।

राहुल गांधी केरल के वायनाद से लोकसभा सांसद रहले। उ पहिला बेर 2004 में अमेठी लोकसभा सीट से चुनल गईल रहले अउरी 2019 तक उहाँ संसद सदस्य रहले। 2019 के लोकसभा चुनाव में उ आपन पारंपरिक सीट अमेठी के केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी से हार गईले, लेकिन वायनाद से चुनाव जीत के आपन संसद सदस्यता बरकरार रखले।

 

कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे कहले कि, भाजपा उनुका के अयोग्य करावे खातीर हर तरह के कोशिश कईलस। उ लोग जवन भी सच्चाई बतावत बाड़े उ लोग अपना संगे ना राखल चाहत बाड़े| लेकिन हमनी के सच्चाई बोलत रहब। हम जेपीसी के मांग करत रहब, जरूरत पड़ला पे लोकतंत्र के बचावे खातिर जेल जाइब।

राजस्थान के सीएम अशोक गहलोत दुख जतवले

राहुल गांधी के संसद सदस्यता रद्द होखे पे दुख जतावत राजस्थान के सीएम अशोक गहलोत सरकार के फैसला के आलोचना कईले। अशोक गहलोत कहले कि, राहुल विपक्ष के आवाज हवे अउरी अब ए तानाशाही के खिलाफ इ आवाज़ अउरी मजबूत होई।

सीएम कहले कि राहुल गांधी के लोकसभा सदस्यता खतम होखल तानाशाही के एगो अउरी उदाहरण बा। भाजपा के इ ना भुलाए के चाही कि उ लोग इंदिरा गांधी के खिलाफ भी इहे तरीका अपना लेले रहले अउरी ओकरा नतीजा के सामना करे के पड़ल। राहुल गांधी देश के आवाज हउवें जवन अब एह तानाशाही के खिलाफ अउरी मजबूत हो जाई|

एगो अउरी ट्वीट में सीएम गहलोत कहले- भारत जोड़ी यात्रा’ में राहुल महंगाई, बेरोजगारी, भ्रष्टाचार अउरी हिंसा के मुद्दा उठवले। भाजपा सरकार ओह लोग पे ध्यान देबे का बजाय राहुल के खिलाफ दमनकारी कदम उठावत बिया|

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।