अलीगढ़ के पिलखना पहुंचले राहुल गांधी, पीड़ित परिवार लो से करत बाड़े मुलाकात

Share

 

लोकसभा के नेता प्रतिपक्ष आ कांग्रेस सांसद राहुल गांधी आजु हाथरस दौरा पs बाड़न. इहाँ उs मरेवाला अवुरी घाही के परिवार से भेंट करीहे। बतावल जाव कि मंगल के दिने एगो सत्संग के दौरान भगदड़ में 121 लोग के मउत हो गइल. बहुत लोग घायल भी हो गईले। एह दुर्घटना के बाद यूपी के योगी सरकार भी कई गो टीम बना के जल्दी से जांच करवले बिया। एकरा अलावे पीड़ित लोग के मुआवजा के घोषणा भी कईल गईल बा।

अलीगढ़ के पिलखाना गांव में जवना मरे वाला के रिश्तेदार राहुल गांधी के मुलाकात भइल, ओ लोग के नाम में विजय सिंह के पत्नी शांति देवी, छोटे लाल के पत्नी मंजू देवी, छोटे लाल के बेटा पंकज अवुरी रमेश चंद्र के पत्नी प्रेमवर्ती देवी शामिल बाड़े। बता दीं कि एह हादसा में ई सब लोग के मौत हो गइल. सूत्र के मुताबिक राहुल गांधी 5 बजे निकल गईले। उ यमुना एक्सप्रेसवे के रास्ता से हाथरस जा रहल बाड़े।

हाथरस से पहिले अलीगढ़ के पिलखान पहुंचले नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी। इहाँ उs पीड़ित परिवार से मिलले। मुलाकात के बाद एगो शोक संतप्त परिवार के एगो सदस्य कहले कि, “उ हमनी के बतवले कि उs हमनी के मदद करीहे। उs पूछले कि सबकुछ कईसे भईल।”

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-