[the_ad_group id="30365"]

Hemant Soren: हेमंत सोरेन के टीम में के – के रही ? कैबिनेट विस्तार पऽ नया CM देले क्लियर कट जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Hemant Soren: जमीन घोटाला मामले में जेल से छूटला के बाद हेमंत सोरेन एक बार फेर झारखंड के मुख्यमंत्री बन गइल बाड़े। मुख्यमंत्री बनला के बाद उऽ सबसे पहिले कैबिनेट विस्तार पऽ बयान देले। तमाम अटकलन पs विराम लगावत सोरेन कहले कि कैबिनेट के विस्तार जलदिए होई आ उनकर प्लेयर पूरा तरे से तइयार बाड़न। उऽ कहले कि प्रदेश में विकास ना रुकि।

मुख्यमंत्री पद के शपथ लेला के बाद हेमंत सोरेन खुद पत्नी कल्पना सोरेन के साथे प्रोजेक्ट भवन सचिवालय पहुंचले। उऽ कहले कि कैबिनेट के विस्तारो बहुत जलदी होई। प्लेयर बैट, बाल आ पैड पहिर के तइयार बाड़न।

आगामी विधानसभा चुनाव के लेकर सीएम कहले कि हमनी राजनीतिक दल के लोग हईं।  चुनाव तऽ हमेशा आवत-जात रहेला । परिस्थिति चाहे जइसनो होखे, विकास कार्य पs प्रभाव ना पड़े देब। एकरे खातिर सरकार बनेला । एकरा उऽ पूरा कर पावस, इहे कोशिश रही।

लोग प्राकृतिक आ राजनीतिक आपदा के देखले बा ‘

उऽ कहले कि सब चीज आउर आगे बढ़ी। रउआ लोग सरकार बनला के बाद प्राकृतिक आ राजनीतिक आपदा के देखले बानी। एकरा बावजूद सरकार मंजिल तक पहुंचे में कामयाब होई।

पत्नी कल्पना सोरेन कहली कि झारखंड प्राकृतिक संपदाअन से भरल प्रदेश हऽ। इहां के जनता के विकास होई। अब हेमंत सोरेन ड्राइविंग सीट सम्हार लेले बाड़न।

बता दी कि हेमंत सोरेन कार्यभार सम्हारे के साथही कुछ जरूरी फाइलन के निपटवलें। मंत्रालय में एह दौरान सत्तापक्ष के कई गो विधायक मौजूद रहले।

गठबंधन के नेता देले हेमंत के बधाई, कहले- फेर जीतल जाई चुनाव

तीसरका बेर मुख्यमंत्री बनला के बाद मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के आइएनडीआइए गठबंधन के नेता लो बधाई देलस आ कई हो नेता एह दौरान दावा कइले 2024 के अंत में होनेवाला विधानसभा चुनाव में एक बार फेर से हेमंत सोरेन के नेतृत्च में गठबंधन ले जीत होई। मुख्य रूप से बधाई देनेवालन में निवर्तमान मुख्यमंत्री चम्पाई सोरेन सबसे आगे बाड़न।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]