Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rahul Gandhi: ‘ जदी प्रधानमंत्री मोदी भी तैयार बाड़े त…’, जन बहस के सुझाव प राहुल के जवाब

183

एकरा से पहिले सुप्रीम कोर्ट आ हाईकोर्ट के दु पूर्व न्यायाधीश प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी कांग्रेस नेता राहुल गांधी के चिट्ठी लिख के लोकसभा चुनाव के मुद्दा प एक-एक सार्वजनिक बहस करे के नेवता देले रहले। एह चिट्ठी प वरिष्ठ पत्रकार एन. राम भी साइन कइले बाड़न।

कांग्रेस नेता राहुल गांधी काल्हु दू गो पूर्व न्यायाधीश आ एगो वरिष्ठ पत्रकार के चिट्ठी के औपचारिक जवाब दिहलन । चिट्ठी में राहुल आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से सार्वजनिक तौर प बहस करे के कहल गइल। राहुल कहले कि उ चाहे कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे बहस में भाग लेवे में बहुत खुश होइहे। वायनाड के सांसद कहले कि जदी प्रधानमंत्री भी अइसन करे खातीर तैयार बाड़े त उनका के बतावल जाए के चाही कि राहुल ‘एक्स’ प कहले कि स्वस्थ लोकतंत्र खातीर प्रमुख दल के ओर से आपन विजन पेश कइल एगो सकारात्मक पहल होई देश के एक मंच से बा। कांग्रेस एह पहल के स्वागत करत बिया आ चर्चा के नेवता स्वीकार करत बिया । देश के उम्मीद भी बा कि प्रधानमंत्री ए संवाद में भाग लीहे।

प्रधानमंत्री से बहस करे खातिर शत-प्रतिशत तैयार : राहुल

एकरा से पहिले शुक्रवार के जब राहुल से सार्वजनिक बहस के नेवता के बारे में पूछल गइल त उ कहले रहले कि हम प्रधानमंत्री से बहस करे खाती शत-प्रतिशत तैयार बानी, बाकी हमरा मालूम बा कि पीएम हमरा संगे बहस करे खातीर तैयार ना होईहे। पार्टी के अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे भी कांग्रेस के ओर से अइसन बहस में भाग ले सकतारे।

सुप्रीम कोर्ट के जज रहल मदन बी लोकुर आ दिल्ली हाईकोर्ट के मुख्य न्यायाधीश रहल एपी शाह चिट्ठी में लिखले बाड़न कि ई बहस एगो मिसाल पेश करी आ लोग दुनु नेता के रुख सीधे जान पइहें । एकरा से दुनु जने के फायदा होई। चिट्ठी में कहल गइल बा कि दुनिया हमनी के चुनाव प पूरा नजर राखेला, अइसन हालत में अगर जनता दुनु दल के सवाल जवाब सुन लेव त बढ़िया रही । एहसे हमनी के लोकतांत्रिक प्रक्रिया मजबूत होई।

चिट्ठी में दुनो पक्ष से ए बहस के नेवता स्वीकार करे के अपील कइल गइल आ इहो कहल गइल कि बहस के स्थान, अवधि, प्रारूप आ संचालक के चयन सभ आपसी सहमति से तय होखे के चाही। चिट्ठी में इहो उल्लेख बा कि दुनो नेता के अनुपस्थिति के स्थिति में आपन प्रतिनिधि भेजल जाई।

भाजपा के राहुल प जवाबी हमला

राहुल से बहस के चुनौती स्वीकार कइला के बाद भाजपा जवाबी हमला कइलस। पार्टी के प्रवक्ता सुधांशु त्रिवेदी कहले कि राहुल कवना क्षमता में मोदी से बहस करे के कोशिश करतारे, काहेंकी उ सिर्फ कांग्रेस पार्टी के सांसद हवे। विपक्ष प हमला करत उ कहले कि कांग्रेस के एगो सांसद ए यात्रा के नेतृत्व करतारे जबकि संसद के दुनो सदन में ओकर नेता उनका पीछे खड़ा बाड़े। मल्लिकार्जुन खर्गे पार्टी के अध्यक्ष बाड़े जबकि गांधी के पोस्टर देखाई देता। इनहन से बहस कइल जा सके ला कि ना, एकर अंदाजा बिबिध मुद्दा सभ पर इनहन के ज्ञान के स्तर से लगावल जा सके ला।

823810cookie-checkRahul Gandhi: ‘ जदी प्रधानमंत्री मोदी भी तैयार बाड़े त…’, जन बहस के सुझाव प राहुल के जवाब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.