Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs PAK: राहुल द्रविड़ कोविड-19 के मात देके टीम से जुड़लें, पाकिस्तान के खिलाफ महामुकाबला से पहिले भारत खातिर आइल निम्मन खबर

कोच राहुल द्रविड़ कोरोना वायरस महामारी के मात देके टीम के संगे जुड़ गइल बाड़े। 23 अगस्त के जब टीम इंडिया यूएई खातिर रवाना भइल रहे तs राहुल द्रविड़ भारतीय दल के हिस्सा ना रहस। 

771
Google Ads 300*250 for posts

एशिया कप 2022 में टीम इंडिया अपना अभियान के आगाज आज माने कि 28 अगस्त के चिर-प्रतिद्वंदी पाकिस्तान के खिलाफ करी। एह महामुकाबला से पहिले भारतीय फैंस खातिर निम्मन खबर आइल बा। हेड कोच राहुल द्रविड़ कोरोना वायरस महामारी के मात देके टीम के संगे जुड़ गइल बाड़े। 23 अगस्त के जब टीम इंडिया यूएई खातिर रवाना भइल रहे तs राहुल द्रविड़ भारतीय दल के हिस्सा ना रहस। राहुल द्रविड़ 21 तारीख के कोविड-19 के चपेट में आइल रहस। हेड कोच के संक्रमित पावल गइला के बाद भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) वीवीएस लक्ष्मण के अंतरिम कोच नियुक्त कइले रहे। राहुल द्रविड़ के टीम से जुड़ला के बाद समझल जा रहल बा कि लक्ष्मण वापस स्वदेश लवटिहें।

क्रिकबज के खबर के मोताबिक 27 अगस्त सनीचर के राहुल द्रविड़ के यूएई पहुंचे के उम्मीद बा। द्रविड़ पाकिस्तान के खिलाफ मुकाबला के दौरान भारतीय ड्रेसिंग रूम के हिस्सा होइहें, ओहिजा अंतरिम कोच वीवीएस लक्ष्मण स्वदेश खातिर उड़ान भरिहें। एगो सूत्र क्रिकबज के इहो बतवलस कि लक्ष्मण सनिचरे के भारत खातिर उड़ान भरिहें आ ऊ पाकिस्तान के खिलाफ ओपनर मैच में भारतीय टीम के हिस्सा ना होइहें।

23 अगस्त के द्रविड़ के कोविड-19 पॉजिटिव पावल गइला के जानकारी देत बीसीसीआई सचिव जय शाह प्रेस रिलीज में कहले रहस, ”टीम इंडिया के हेड कोच राहुल द्रविड़ एशिया कप 2022 खातिर टीम के यूएई जाए से पहिले नियमित परीक्षण में कोविड पॉजिटिव पावल गइल बाड़े। द्रविड़ बीसीसीआई के मेडिकल टीम के निगरानी में बाड़े आ उनका हलुक लक्षण बा। एक बेर नेगेटिव COVID-19 रिपोर्ट अइला पs ऊ टीम में सामिल हो जइहें। भारतीय टीम 23 अगस्त 2022 के संयुक्त अरब अमीरात में इकट्ठा होई।”

द्रविड़ के एशिया कप 2022 से पहिले जिम्बाब्वे दौरा पs आराम दिहल गइल रहे। उनका जगे कोच के भूमिका वीवीएस लक्ष्मण अदा कइलें रहस। द्रविड़ के संक्रमित पावल गइला के बाद बीसीसीआई लक्ष्मण के अंतरिम कोच बनाके जिम्बाब्वे से दुबई भेजल जहां टीम इंडिया उनका निगरानी में प्रैक्टिस सेशन कइलें।

बता दीं, वीवीएस लक्ष्मण उपकप्तान केएल राहुल, दीपक हुड्डा, दीपक चाहर आ अवेश खान के संगे जिम्बाब्वे से यूएई पहुंचल रहस।

अंतरिम कोच के व्यवस्था एहिसे कइल गइल काहेकि सुरू में ई उम्मीद कइल जात रहे कि द्रविड़ के वापस आवे में कम से कम एक सप्ताह के समय लागी। हालांकि, समझल जात बा कि पूर्व कप्तान के रिकवरी तेजी से भइल बा।

314860cookie-checkIND vs PAK: राहुल द्रविड़ कोविड-19 के मात देके टीम से जुड़लें, पाकिस्तान के खिलाफ महामुकाबला से पहिले भारत खातिर आइल निम्मन खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.