रघुनाथपुर के राजपुर में नव दिवसीय श्री लक्ष्मीनारायण महायज्ञ के तइयारी अंतिम चरण में

Share

5 मई से शुरुआत, 13 मई के पूर्णाहुति, दिन में रामलीला, सांझि में भागवत कथा आ रात में कृष्णलीला

रघुनाथपुर प्रखण्ड क्षेत्र के राजपुर गांव इस्थित नाग बाबा के स्थान पs श्रीनाग बाबा पूजा समिति आ ग्रामीण जनता के सहजोग से 5 मई दिन बियफे से शूरु होके 13 मई दिन सुक ले नव दिन के श्री लक्ष्मीनारायण महायज्ञ के तइयारी जोर शोर से चल रहल बा आ तइयारी अंतिम चरण में बा। एह महायज्ञ में रामलीला, रासलीला, श्रीमद्भागवत कथा आ संत ब्राह्मण के समागम होखे जा रहल बा। यज्ञ के अध्यक्षता श्रीराम जानकी मन्दिर नरहन के श्री श्री 108 श्रीरामकान्त महाराज जी करेम तs कथा वाचन साध्वी कुमारी अम्बिका जी करेम जबकि यज्ञ आचार्य पंडित संतोष द्विवेदी जी बानी। एह आशय के जानकारी प्रधान यज्ञ यजमान ओमप्रकाश यादव, अध्यक्ष बिरेंद्र कुमार यादव, कोषाध्यक्ष राजेन्द्र कुमार यादव आ उपाध्यक्ष विवेक कुमार मिश्रा जी देनी।

महायज्ञ के कार्यक्रम कुछ एह तरे बा। जल/शोभायात्रा 5 मई के यज्ञ मंडप से रकौली घाट ले ,6 मई के पूजन मंडप प्रवेश, 7 मई के मंडप पूजन आरती, 9 मई के मंथन आरती, 10 मई के स्वाहाकर आरती आ 13 मई के महायज्ञ पूजन पूर्णाहुति आ महाभंडारा। संगही रोज 4 बजे से 6 बजे तक वेद परायण, भोर के 7 बजे से 11 बजके 30 मिनट ले मंडप में पूजन, दिन के 12 बजे से दुपहरिया के 3 बजे तक रामलीला, दुपहरिया के 3 बजे से साँझ के 6 बजे ले पूजन आरती, साँझ के 6 बजे से रात के 9 बजे ले श्रीमद्भागवत कथा आ रात के 9 बजे से मध्य रात्रि 12 बजे ले रासलीला के आयोजन कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-