Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Raghunathpur: काली माता मंदिर के भइल पुनर्निर्माण, भंडारा 8 मई के

216

जिला के रघुनाथपुर प्रखंड अंतर्गत कजरासन गांव में जर्जर हो चुकल काली माता मंदिर के पुनर्निर्माण कइल गइल। ग्रामीण जनता के सहजोग से ई काम संभव हो सकल। एह काम में गांव के सभे जनता तन-मन धन से सहजोग कइल। एकरा आलावे स्थानीय प्रखंड प्रमुख मनोज सिंह के द्वारा चहारदीवारी के भीतरी मिट्टीकरण आ ईटकरण के काम पूरा कइल गइल। गांव आला लोग बतावल लो कि प्रखंड प्रमुख आ ग्रामीण जनता के सहयोग आ मेहनत के बदौलत आज माता के सुंनर मंदिर बन के तइयार हो गइल बा। जेकरा बाद 7 मई सनिचर के 24 घंटा अखंड अष्टयाम सुरू होई आ 8 मई अतवार के अष्टयाम पूर्णाहुति के बाद भंडारा के आयोजन कइल जाई।

248070cookie-checkRaghunathpur: काली माता मंदिर के भइल पुनर्निर्माण, भंडारा 8 मई के

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.