Raghunathpur: काली माता मंदिर के भइल पुनर्निर्माण, भंडारा 8 मई के

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2022

जिला के रघुनाथपुर प्रखंड अंतर्गत कजरासन गांव में जर्जर हो चुकल काली माता मंदिर के पुनर्निर्माण कइल गइल। ग्रामीण जनता के सहजोग से ई काम संभव हो सकल। एह काम में गांव के सभे जनता

Share

जिला के रघुनाथपुर प्रखंड अंतर्गत कजरासन गांव में जर्जर हो चुकल काली माता मंदिर के पुनर्निर्माण कइल गइल। ग्रामीण जनता के सहजोग से ई काम संभव हो सकल। एह काम में गांव के सभे जनता तन-मन धन से सहजोग कइल। एकरा आलावे स्थानीय प्रखंड प्रमुख मनोज सिंह के द्वारा चहारदीवारी के भीतरी मिट्टीकरण आ ईटकरण के काम पूरा कइल गइल। गांव आला लोग बतावल लो कि प्रखंड प्रमुख आ ग्रामीण जनता के सहयोग आ मेहनत के बदौलत आज माता के सुंनर मंदिर बन के तइयार हो गइल बा। जेकरा बाद 7 मई सनिचर के 24 घंटा अखंड अष्टयाम सुरू होई आ 8 मई अतवार के अष्टयाम पूर्णाहुति के बाद भंडारा के आयोजन कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.