French Open 2022: ‘महामुकाबला’ में जोकोविच पs भारी पड़ले नडाल, सेमीफाइनल में ज्वरेव से तय कइले भिड़ंत

Share

तेरह बार के चैंपियन स्पेन के स्टार टेनिस खिलाड़ी राफेल नडाल (Rafael Nadal) वर्ल्ड नंबर वन सर्बिया के नोवाक जोकोविच (Novak Djokovic) के हराके साल के दूसरका ग्रैंड स्लैम फ्रेंच ओपन (French Open) के सेमीफाइनल में जगे बना लेले बाड़े , जहां उनकर सामना जर्मनी के एलेक्जेंडर ज्वेरेव से होई। विश्व के पूर्व नंबर वन नडाल पुरुषन के एकल वर्ग के क्वार्टर फाइनल मुकाबला में जोकोविच के 6-2, 4-6, 6-2, 7-6 से पराजित कइले। ई महामुकाबला 4 घंटे 11 मिनट ले चलल।

ओवरऑल कुल 21 ग्रैंड स्लैम जीत चुके ‘लाल बजरी’ के बादशाह नडाल 22 वा ग्रैंड स्लैम कावर डेग बढ़ा देले बाड़े। नडाल पहिला सेट जीतके सुरुआत कइले। अगिला सेट में ऊ लय बरकरार ना राख सकले आ दूसरा सेट 4-6 से हार गइले। एकरा बाद स्पेनिश खिलाड़ी दमदार वापसी करत अगिला दूनो सेट अपना नावे कs के मुकाबला के जीत लेले।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-