स्पोर्ट्स डेस्क: पाकिस्तान के खिलाफ मैच के दौरान न्यूजीलैंड के स्टार ऑलराउंडर रचिन रवींद्र बुरा तरे घायल हो गइलें। चेहरा पs गेना लगला के वजह से ऊ चोटिल हो गइलें। एह दौरान खूनाे बहत देखल गइल। बता दीं कि, पाकिस्तान, न्यूजीलैंड आ दक्षिण अफ्रीका के बीच त्रिकोणीय सीरीज खेलल जा रहल बा। पहिला मुकाबला सनीचर के लाहौर में पाकिस्तान आ न्यूजीलैंड के बीच खेलल गइल। एह मैच के कीवी 78 रन से जीत लिहल लो।
बुरा तरे घायल भइलें रचिन रवींद्र
गद्दाफी स्टेडियम में खेलल गइल एह मुकाबला के दौरान एगो अइसन घटना घटल, जे सब केहू के रोंगटा खड़ा कs दिहल। न्यूजीलैंड के जुवा खिलाड़ी रचिन रवींद्र चोटिल हो गइलें। गेना लगला के वजह से उनका चेहरा से खून बहे लागल। ई घटना पाकिस्तान के पारी के 38वां ओवर के हs। खुशदिल शाह डीप बैकवर्ड स्क्वायर लेग के तरफ हवा में एगो शॉट खेललें। गेना के हवा में देखके रचिन ओकरा के लपकेन के कोसिस कइलें, बाकिर ऊ सही पोजिशन ना लेला के कारण चूक गइलें आ गेना सीधा जाके उनका चेहरा से टकराइल आ ऊ बुरा तरे घायल हो गइलें। एकर वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल बा।
मैच में का भइल
एह मुकाबला के बात करीं तs टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल न्यूजीलैंड के टीम ग्लेन फिलिप्स (106*), डेरिल मिचेल (81) आ केन विलियम्सन (58) के सानदार पारियन के बदौलत 50 ओवर में छव विकेट पs 330 रनन के स्कोर तइयार कइलें। जवाब में पाकिस्तान के टीम 47.5 ओवर में 10 विकेट गंवाके खाली 252 रन बना सकलें। कीवियन खातिर मैट हेनरी आ मिचेल सेंटनर सबसे जादे-जादे तीन-तीन विकेट चटकवलें। जबकि ब्रेसवेल के दु आ ग्लेन फिलिप्स के एगो सफलता मिलल।
Read Also: Breaking: बीजापुर में बड़ नक्सल एनकाउंटर: 12 से जादे नक्सलियन के मारल जाये के खबर