पीवी सिंधु अउर किदांबी श्रीकांत के शानदार शुरुआत

Share

भारत के शीर्ष बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधू अउर किदांबी श्रीकांत पहिले दौर के मुकाबला में सीधे गेम में जीत के साथ बुधवार के कोरिया ओपन सुपर 500 बैडमिंटन टूर्नामेंट के प्री क्वार्टर फाइनल में जगह बनवली।
दू बेर के ओलंपिक पदक विजेता सिंधू अमेरिका के लॉरेन लैम के 21-15 21-14 से हरवली जबकि श्रीकांत मलेशिया के डेरेन ल्यू के पाल्मा स्टेडियम में 22-20 21-11 से हरवने।

हाल में स्विस ओपन के खिताब जीते वाली तीसरी वरीय सिंधू अगले दौर में जापान के आया ओहोरी से खेलिहें जबकि विश्व चैंपियनशिप के रजत पदक विजेता पांचवां वरीय श्रीकांत के सामना इजराइल के मिशा जिल्बरमैन से होई।

एमआर अर्जुन अउर ध्रुव कपिला के पुरुष युगल जोड़ी बा डा किम अउर यंग पार्क के कोरिया के जोड़ी के खिलाफ वाकओवर मिलले पर दुसरका दौर में जगह बनवले। भारतीय जोड़ी के सामना अगिला दौर में मोहम्मद अहसन अउर हेंद्रा सेतियावान के इंडोनेशिया के दूसरी वरीय जोड़ी से होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-