सेंट्रल डेस्क। पुरी में भगवान जगन्नाथ के रथ यात्रा के दौरान भइल भगदड़ के घटना के बाद ओडिशा सरकार कड़ा कार्रवाई करत दुगो अधिकारियन के निलंबित कs देले बिया। मुख्यमंत्री मोहन चरण माझी एह हादसा ले लेके लापरवाही बरते वाला अधिकारियन पs सख्त कार्रवाई करत पुरी के जिला कलेक्टर आ पुलिस अधीक्षक (एसपी) के तत्काल प्रभाव से स्थानांतरित कs देले बाड़ें।
सीएमओ के ओर से जारी बयान में कहल गइल बा कि, पुरी के जिला कलेक्टर सिद्धार्थ शंकर स्वैन आ एसपी विनीत अग्रवाल के तबादला कs दिहल गइल बा। ओहिजा डीसीपी विष्णु पति आ कमांडेंट अजय पाधी के ड्यूटी में लापरवाही खातिर निलंबित कs दिहल गइल बा। चंचल राणा के पुरी के नया जिला कलेक्टर नियुक्त कइल गइल बा, जबकि पिनाक मिश्रा ने नया एसपी के कार्यभार दिहल गइल बा। सीएम माझी विकास आयुक्त के देखरेख में ममिला के प्रशासनिक जांच के आदसे देले बाड़ें।
मृतकन के परिजनन के मुआवजा
ओडिशा के सीएम मोहन चरण माझी हर मृतक श्रद्धालु के परिजनन के 25 लाख रुपिया के आर्थिक सहायता देवे के घोषणा कइलें। सीएम विकास आयुक्त के देखरेख में विस्तृत प्रशासनिक जांच के आदेस देले बाड़ें। एकरा संगही मुख्यमंत्री सब श्रद्धालुअन से एह घटना के लेके क्षमा मंगले। उ कहलें कि हम आ हमार सरकार महाप्रभु जगन्नाथ के सब भक्तन से क्षमा याचना करत बानी सs। जे श्रद्धालु एह हादसा में आपन जान गंवा बइठल, ओकरा परिवारन के प्रति हमनी के गहिराह संवेदना बा। हम प्रार्थना करत बानी कि भगवान ओह लोगन के ई दुख सहे के शक्ति देस।
सबेरे 4 बजे के करीब भइल हादसा
बता दीं कि ओडिशा के पुरी में श्री गुंडिचा मंदिर के लगे अतवार के मचल भगदड़ में कम से कम तीन लोगन के मौत हो गइल आ करीब 50 आउर लोग घायल हो गइल। ई घटना तड़के करीब चार बजे भइल। जब सईयन श्रद्धालु रथयात्रा उत्सव देखे खातिर मंदिर के लगे जमा भइल रहे लो।
अधिकारी लोग बतावल कि अनुष्ठान खातिर सामग्री ले जा रहल दु ट्रकन के भगवान जगन्नाथ आ उनकर भाई भगवान बलभद्र आउर देवी सुभद्रा के रथन के लगे भीड़भाड़ वाला स्थान पs घुसला के बाद अफरा-तफरी मच गइल। उ लोग बतावल कि घायलन के नजदीकी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा आ छव लोगन के हालत गंभीर बा। मृतकन के पहचान बोलागढ़ निवासी बसंती साहू आ बालीपटना निवासी प्रेमकांत मोहंती आ प्रवती दास के रूप में भइल बा। शवन के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा आ ममिला के जांच कइल जा रहल बा।