IPL के इतिहास में पहिला बेर भइल अइसन करिश्मा, पंजाब डिफेंड कइलस सबसे छोट स्कोर

Minee Upadhyay
पंजाब बनाम KKR

आईपीएल 2025 के 31वां मैच में पंजाब किंग्स यानी पीबीकेएस के टीम कोलकाता नाइट राइडर्स के खिलाफ चमत्कार कईलस। कम स्कोरिंग के रोमांचक मैच में पंजाब कोलकाता के 16 रन से हरा के नया इतिहास रच दिहलस. टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी कइला के बाद मेजबान टीम पंजाब महज 111 रन पs ढेर हो गइल. पंजाब के एको बल्लेबाज लगातार ना खेल पवले. प्रभसिमरन के योगदान सबसे अधिक 30 रन रहे। कोलकाता खातिर हर्षित राणा अधिकतम 3 विकेट लेले। साथही सुनील नरेन आ वरुण चक्रवर्ती 2-2 विकेट ले लिहले.

पंजाब नया इतिहास रचलस

पंजाब के 111 रन के स्कोर के जवाब में कोलकाता 15.1 ओवर में 95 रन बना के ऑल आउट हो गइल. एह तरह से पंजाब आईपीएल में सबले कम स्कोर के बचावे के बड़हन कारनामा हासिल कइलस. एकरा से पहिले आईपीएल में सबसे कम स्कोर के बचाव करे के रिकार्ड चेन्नई सुपर किंग्स के नाम पs रहे। आईपीएल 2009 में सीएसके 116/9 रन के स्कोर बचावलस अब पंजाब सीएसके के ई रिकार्ड तूड़ दिहले बा. रउरा सभे के ई जान के अचरज होई कि आईपीएल में सबसे बड़ लक्ष्य के पीछा करे के रिकार्ड पंजाब किंग्स के नाम पs भी दर्ज बा। मजेदार बात ई बा कि पंजाब खुद आईपीएल 2024 में कोलकाता के खिलाफ ई बड़हन कारनामा कइलस. 

सबसे कम कुल रन के रिकार्ड भी टूट गईल

पंजाब किंग्स आ कोलकाता मिल के एह मैच में कुल 206 रन बनवले बा जवन आईपीएल में कवनो मैच में सबले कम कुल रन बनावे के रिकार्ड बा. एकरा से पहिले इs कारनामा आईपीएल 2009 में पंजाब बनाम कोलकाता के मैच में देखल गईल रहे, डरबन में खेलल गईल ओ मैच में दुनो टीम कुल 237 रन बनवले रहे।  

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन



Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment