Punjab: पंजाब के भगवंत मान सरकार के झटका, राज्यपाल रद्द कइले विशेष सत्र
गवर्नर कानूनी राय लेला के बाद एह एक दिन के विेशेष सत्र के बुलावे से पहिलही रद्द करे के आदेश देले बाड़े।
पंजाब के आम आदमी पार्टी के सरकार के पंजाब के राज्यपाल बनवारीलाल पुरोहित बुध के बड़ झटका देलेे बाड़े। 22 सितम्बर के बुलावल गइल विशेष सत्र के राज्यपाल रद्द क देले। गवर्नर कानूनी राय लेला के बाद एह एक दिन के विेशेष सत्र के बोलावे से पहिलही रद्द करे के आदेश देले बाड़े। आदेश में कहल गइल बा कि एह तरे के विशेष सत्र के बोलावल विधानसभा के नियम में नइखे।
Punjab Governor withdraws orders calling for Assembly session for a “confidence motion” called by Punjab government due to “absence of specific rules” to do so. pic.twitter.com/k9uKb8ukSe
— ANI (@ANI) September 21, 2022
बता दीं कि सूबे के सरकार आरोप लगवले रहे कि भारतीय जनता पार्टी ओकर सरकार के गिरावल चाहत बिया। एहिसे विशेष सत्र बोलाके हमनी के विधायकन के भरोसा हासिल कइल चाहत बानी स।
Comments are closed.