पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्ट भारतीय कुश्ती महासंघ चुनाव पs लगवलस रोक, 12 अगस्त के होखे के रहे वोटिंग

Anurag Ranjan
पंजाब आ हरियाणा उच्च न्यायालय 12 अगस्त के होखे वाला भारतीय कुश्ती महासंघ के चुनाव पs रोक लगा देले बा। एकरा पहिले गुवाहटी हाईकोट भारतीय कुश्ती महासंघ के चुनाव पs रोक लगा देले रहे। हालांकि बाद में सुप्रीम कोर्ट एह पs लागल रोक के हटा देले रहे।

भारतीय ओलंपिक महासंघ के मोताबिक भारतीय कुश्ती महासंघ के चुनाव छव से 11 जुलाई के बीच होखे के रहे। हालांकि बाद में 12 अगस्त के तारीख निर्धारित कइल गइल। अब पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्ट रोक लगा देलस। भाजपा सांसद आ भारतीय कुश्ती महासंघ के पूर्व अध्यक्ष बृजभूषण शरण सिंह अपना करीबी संजय सिंह के प्रत्याशी बनवले बाड़ें। संजय सिंह के मुकाबला अनीता श्योराण से होई। अनीता 2010 राष्ट्रमंडल खेलन के चैंपियन बाड़ी।

हाले में गोंडा के एगो रैली में बृजभूषण शरण सिंह कहले रहस कि 25 में से 20 राज्य उनका संगे बा। वाराणसी के रहे वाला संजय सिंह के ऊ प्रत्याशी बनवले बाड़ें। चुनाव से पहिलही सांसद दावा कइलें कि हमनी के गुट के प्रत्याशी अध्यक्ष बनी। कहलें कि कुश्ती के लेके बहुत मेहनत भइल बा, आगहू एह तरे के प्रयास जारी रही।

एमेच्योर कुश्ती संघ के प्रतिनिधियन के बड़ झटका

रोहतक इस्थित हरियाणा एमेच्योर कुश्ती संघ के प्रतिनिधियन के हाईकोर्ट से बड़ झटका लागल बा। पंजाब-हरियाणा हाईकोर्ट भारतीय कुश्ती महासंघ के चुनाव में भाग लेवे खातिर उनका के फिलहाल अपात्र करार दे देले बा। एकरा संगही नोटिस जारी कs के पूछले बा कि काहे ना वोट डलला पs रोक लगा दिहल जाव।

हरियाणा कुश्ती संघ के संयुक्त सचिव इंद्रजीत सिंह याचिका दाखिल करत हाईकोर्ट के बतवलें कि हरियाणा एमेच्योर कुश्ती संघ रोहतक के मान्यता नइखे। याची रेसलिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया के रिटर्निंग ऑफिसर के 25 जुलाई के ओह आदेस के चुनौती देले बा, जेमे हरियाणा एमेच्योर कुश्ती एसोसिएशन के चुनाव के खातिर संघ के नामित प्रतिनिधियन के बाहर करे के मांग के खारिज कs दिहल गइल रहे।

याची बतवलें कि रिटर्निंग ऑफिसर एह आधार पs याची के मांग के खारिज कइले बा कि 2 दिसंबर 2022 के हरियाणा ओलंपिक एसोसिएशन प्रमाण पत्र जारी कs के संघ के मान्यता देले बा। याची बतवलें कि कवनो खेल संगठन के सदस्यता प्रदान करे के सवाल खाली जनरल बॉडी द्वारा तय कइल जा सकत बा। कोषाध्यक्ष के संबद्धता प्रमाणन जारी कइल संभव नइखे।

हरियाणा एमेच्योर कुश्ती एसोसिएशन कबो हरियाणा ओलंपिक एसोसिएशन से संबद्ध ना रहे। हरियाणा ओलंपिक एसोसिएशन स्वीकार कइलस कि हरियाणा एमेच्योर कुश्ती संघ के भारतीय कुश्ती महासंघ के चुनाव में वोट डाले खातिर वैध सदस्य के रूप में स्वीकार नइखे कइल जा सकत। अइसन में हरियाणा ओलंपिक एसोसिएशन के हलफनामा आ रेसलिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया के संविधान के आधार पs हाईकोर्ट हरियाणा एमेच्योर कुश्ती एसोसिएशन के सदस्यन के चुनाव में भाग लेवे खातिर पात्र माने से फिलहाल इन्कार कs देलस।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।