UP News: बिहान गोरखपुर अइहें सीएम योगी, एथेनाल प्लांट के शिलान्यास आ वेयरहाउस के करिहें उद्घाटन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2023

गोरखपुर में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सनीचर के एथेनाल प्लांट के शिलान्यास आ अतवार के बड़ वेयरहाउस के उद्घाटन करिहें। ई दुनो इन्वेस्टमेंट निजी क्षेत्र के हs। दुनो के मिलाके 1230 करोड़ रुपिया के निवेश बा

Share

गोरखपुर में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सनीचर के एथेनाल प्लांट के शिलान्यास आ अतवार के बड़ वेयरहाउस के उद्घाटन करिहें। ई दुनो इन्वेस्टमेंट निजी क्षेत्र के हs। दुनो के मिलाके 1230 करोड़ रुपिया के निवेश बा आ एसे करीब तीन हजार लोगन के प्रत्यक्ष आ परोक्ष रोजगार मिली।

सीएम योगी सनीचर के गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) क्षेत्र में अइहें। ऊ गीडा सेक्टर 26 में मेसर्स केयान डिस्टलरीज प्राइवेट लिमिटेड के बॉटलिंग यूनिट के शिलान्यास करिहें। केयान डिस्टलरीज के एमडी विनय कुमार सिंह के मोताबिक एह यूनिट में 300 किलो लीटर प्रतिदिन एथेनाल आ 200 किलोलीटर प्रतिदिन ईएनए के उत्पादन क्षमता के प्लांट लगावल जाई।

बतवलें कि करीब 31 एकड़ में लागे वाला एह यूनिट में 1200 करोड़ रुपिया के निवेश होई आ एकरा क्रियाशील होखला पs एक हजार लोगन के प्रत्यक्ष आ एक हजार लोगन के परोक्ष रोजगार मिल सकी। ई इंडस्ट्री ग्रेन बेस्ड (अनाज आधारित) होई माने इहां उत्पादन खातिर चावल, मक्का आ आउर अनाज के प्रयोग कइल जाई। खास बात इहो बा कि इहां धान के भूसी आ आउर फसल के अवशेष से चले वाला बॉयलर आ 15 मेगावाट टरबाइन के पॉवर प्लांटो स्थापित कइल जाई। इंडस्ट्री के जरूरत के बाद बाकी बिजली बेच दिहल जाई।

ओहिजा अतवार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मोतीराम अड्डा में मेसर्स श्री एसोसिएट्स के तरफ से बनावल गइल वेयरहाउस के उद्घाटन करिहें। श्री एसोसिएट्स के योगेश मणि त्रिपाठी आ बृजेश मणि त्रिपाठी बतावल लो कि उत्तर प्रदेश वेयरहाउसिंग एंड लॉजिस्टिक पॉलिसी 2022 से प्रेरित होके ई वेयरहाउस 1.23 लाख वर्गफुट में बनावल गइल बा। एकर एमओयू ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में हस्ताक्षरित कइल गइल रहे। वेयरहाउसिंग के एह परियोजना में 30 करोड़ रुपिया के निवेश कइल गइल बा। एसे करीब एक हजार लोगन के रोजगार के रस्ता खुली।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.