गोरखपुर जिला में एगो दिल दहला देवे वाली घटना सोझा आईल बा। इहाँ एक रुपया के लेन-देन के विवाद में एगो दोस्त दोसरा दोस्त के गोली मार के हत्या क देलस। मामला कोतवाली इलाका के बा।
बतावल जाता कि सोमवार के देर रात प्रॉपर्टी डीलर रोहित सिंह के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। रुपया के लेनदेन के लेके भईल विवाद में दोस्त काजल मिश्रा रोहित के गोली मार देले बाड़े।
लोग तुरंत घाही युवक के अस्पताल ले गईले। जहां रात में डॉक्टर उनुका के लखनऊ रेफर क देले। इलाज के दौरान मंगलवार के लखनऊ में उनुकर मौत हो गईल। पुलिस आरोपी के तलाश में बिया।
Post Views: 69