Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार : चाय की दुकान पर नूपुर शर्मा के समर्थन कइला पs मारपीट,  अब तनाव के बाद भारी पुलिस बल तैनात

534

पैगम्बर मोहम्मद प भाजपा प्रवक्ता रहल नूपुर शर्मा के टिप्पणी ठंडा होखे के नाम नईखे लेत। एकरा लेके अबहियों पूरा देश में हंगामा चलत बा. अजमेर में खादीम सलमान चिश्ती के वीडियो के बाद अब इ मामला बिहार से सोझा आईल बा। अररा जिला में नुपुर शर्मा के समर्थन में फेसबुक पोस्ट के लेके दु युवक के बीच विवाद भईल अवुरी ओकरा के देख के मारपीट शुरू हो गईल।

पुलिस के कहनाम बा कि, मामला अररा के राम गधिया लोकलटी के बा। इहाँ कुछ लोग चाय के दोकान में चाय पीयत रहे। एही बीच नूपुर शर्मा के समर्थन में एगो पोस्ट के लेके दु युवक के बीच बहस शुरू हो गईल। देखते देखत मामला बढ़ गईल अवुरी झगड़ा हो गईल। हालांकि मामला के निपटारा करत पुलिस दुनो युवक के हिरासत में लेले बिया। अररा जिला के जिला मजिस्ट्रेट राजकुमार बतवले कि, मामूली विवाद के लेके दु युवक के बीच मारपीट भईल रहे। इलाका में कानुन-व्यवस्था के हालात में परेशानी ना होखे के देखत दुनो युवक के हिरासत में लिहल गईल बा। इलाका में पुलिस बल तैनात कर दिहल गइल बा.

समर्थन में पोस्ट करे खाती उमेश कोल्हे के हत्या क दिहल गईल

एकरा से पहिले महाराष्ट्र के अमरावती में एगो केमिस्ट उमेश कोल्हे के हत्या क दिहल गईल रहे। उ नूपुर शर्मा के समर्थन में फेसबुक पोस्ट कईले रहले। एहसे दोसरा समुदाय के लोग नाराज हो गइल. एकरा अलावे उदयपुर से भी अयीसने मामला सामने आईल। इहाँ कन्हैया लाल के फेसबुक पोस्ट के लेके गला फाड़ के हत्या क दिहल गईल।

अमरावती में चार लोग हिरासत में

नुपुर शर्मा के समर्थन में फेसबुक पोस्ट करे वाला लोग के धमकी देवे वाला चार लोग के अमरावती पुलिस हिरासत में लेले बिया। पुलिस इंस्पेक्टर नीलिमा अरज बतवली कि चारो आरोपी से पूछताछ कईल जाता।

287340cookie-checkबिहार : चाय की दुकान पर नूपुर शर्मा के समर्थन कइला पs मारपीट,  अब तनाव के बाद भारी पुलिस बल तैनात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.