Prez Mahama Conferred PM Modi: घाना में पीएम मोदी के देस के सर्वोच्च सम्मान; राष्ट्रपति महामा कइलें सम्मानित

Share

वर्ल्ड डेस्क। अफ्रीकी देसन के दौरा पs गइल पीएम मोदी के घाना में ‘द ऑफिसर ऑफ द ऑर्डर ऑफ द स्टार ऑफ घाना’ से सम्मानित कइल गइल। राजधानी अक्करा में एगो कार्यक्रम के दौरान देस के राष्ट्रपति महामा पीएम मोदी के सम्मानित कइलें।

पीएम मोदी कहलें, घाना के लोगन के प्रति गहिराह कृतज्ञता…

घाना में ‘द ऑफिसर ऑफ द ऑर्डर ऑफ द स्टार ऑफ घाना’ से सम्मानित होखला पs प्रधानमंत्री मोदी कहलें, ‘घाना के सर्वोच्च सम्मान से सम्मानित होखल हमरा खातिर बहुत गर्व आ सम्मान के बात बा… राष्ट्रपति महामा, घाना सरकार आ घाना के लोगन के प्रति आपन गहिराह कृतज्ञता व्यक्त करत बानी।’

घाना उत्कृष्ट राजनीतिज्ञता आ प्रभावशाली वैश्विक नेतृत्व के सम्मान कइलें

बता दीं कि बीतल तीन दशकन में भारत के कवनो प्रधानमंत्री पहिला घाना यात्रा कइले बाड़ें। विदेस मंत्रालय बतवलें कि प्रधानमंत्री के ई पुरस्कार उनकर “उत्कृष्ट राजनीतिज्ञता आप प्रभावशाली वैश्विक नेतृत्व” खातिर प्रदान कइल गइल। मोदी विश्वास व्यक्त कइलें कि घाना के उनकर “ऐतिहासिक” राजकीय यात्रा भारत-घाना संबंधन के नया गति प्रदान करी। बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल एक्स पs एगो पोस्ट में कहलें, ई भारत-घाना के बीच गहिराह आ दीर्घकालिक संबंधन के प्रमाण बा।

सम्मान भारत आ घाना के बीच ऐतिहासिक संबंधन के समर्पित

पीएम मोदी कहलें, हम 1.4 अरब भारतीयन के ओर से विनम्रतापूर्वक ई सम्मान स्वीकार करत बानी। हम ई पुरस्कार हमनी के नवहन के आकांक्षा, उज्ज्वल भविष्य, हमनी के समृद्ध सांस्कृतिक विविधता आ परंपरा आउर भारत आ घाना के बीच ऐतिहासिक संबंधन के समर्पित करत बानी।’

भारत आ घाना के द्विपक्षीय साझेदारी के व्यापक बनावे के फैसला

एकरा पहिले पीएम मोदी घाना के राष्ट्रपति जॉन ड्रामानी महामा के संगे बैठक कइलें। वार्ता के बाद भारत आ घाना के अधिकारी दुनो देसन के बीच भइल चार समझौतन पs हस्ताक्षर कइलें। एह मवका पs प्रधानमंत्री मोदी कहलें कि राष्ट्रपति महामा आ उ भारत आउर घाना के द्विपक्षीय साझेदारी के व्यापक बनावे के निर्णय लेले बाड़ें।

भारत घाना के राष्ट्र निर्माण के यात्रा में खाली साझेदार ना बलुक सह-यात्री

घाना के राष्ट्रपति महामा के संगे वार्ता के बाद प्रधानमंत्री मोदी कहलें, भारत घाना के राष्ट्र निर्माण के यात्रा में खाली साझेदार ना बलुक सह-यात्रियो बा। उ कहलें, हमनी के अगिला पांच बरिस में भारत-घाना व्यापार के दोगुना करे के लक्ष्य रखले बानी सs। हमनी के एह बात पs एकमत बानी सs कि आतंकवाद मानवता के दुश्मन हs।

एह अफ्रीकी देसन के दौरा करिहें प्रधानमंत्री मोदी

बता दीं कि पीएम मोदी नव जुलाई तक घाना, त्रिनिदाद-टोबैगो, अर्जेंटीना, ब्राजील आ नामीबिया के यात्रा पs रहिहें। एह दौरान छव आ सात जुलाई के ब्राजील में 17वां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में हिस्सा लिहें। एकरा से वैश्विक दक्षिण के देसन से भारत के संबंधन के नया आयाम मिले के उम्मीद बा।

अफ्रीकी धरती से पीएम मोदी पूरा दुनिया के देलें सनेस

बिदेस नीति के लेके पीएम मोदी कहलें, दुनो देस पश्चिम एशिया आ यूरोप के इस्थिति पs गंभीर रूप से चिंतित बा। उ कहलें कि ई युद्ध के युग ना हs, समस्यन के समाधान बातचीत आ कूटनीति से होखे के चाहीं।

Read Also: बांग्लादेश के पूर्व पीएम शेख हसीना के 6 महीना के सजा, अदालत के अवमानना के दोषी करार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-