राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू सुखोई फाइटर जेट में उड़ली, दुश्मन देश के मजबूत संदेश

Minee Upadhyay

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू सुखोई फाइटर जेट में उड़ली, दुश्मन देश के मजबूत संदेश

गुवाहाटी : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आज असम के तेजपुर वायु अड्डा से भारतीय वायुसेना के सुखोई लड़ाकू विमान से उड़ान भरली , राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू सह पायलट सीट पे बईठल सुखोई-30 एमआईके लड़ाकू विमान में उड़ान पूरा कईले। आज द्रौपदी मुर्मू के असम दौरा के आखिरी दिन ह। उ 6 अप्रैल से असम के दौरा पे बाडी।

पूर्व राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल 2009 में उड़ान भरले रहली

तीनों सेवा के सुप्रीम कमांडर होखला के नाते राष्ट्रपति के सेवा के बल, हथियार अउरी नीति के बारे में जानकारी दिहल जाला। द्रौपदी मुर्मू से पहिले भारत रत्न के पूर्व राष्ट्रपति डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम, प्रतिभा पाटिल अउरी रामनाथ कोविंद वायुसेना के लड़ाकू विमान में उड़ान भरले बाड़े। देश के एह अत्याधुनिक लड़ाकू विमान में पूर्व राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल साल 2009 में उड़ान भरले रहली।

दुश्मन देशन के मजबूत संदेश

बता दीं कि एह घरी चीन के सीमा पे सेना के बड़हन चुनौती के सामना करे के पड़त बा| चीन में घुसपैठ के कोशिश जारी बा | अइसना समय सुखोई लड़ाकू विमान में उड़त राष्ट्रपति के भारत से दुश्मन देशन के कड़ा संदेश देवे के बा। बताईं कि तेजपुर एयरफोर्स बेस देश के सुरक्षा के मामला में बहुत महत्वपूर्ण एयरबेस ह।

 

 गज उत्सव-2023 के उद्घाटन

एकरा से पहिले राष्ट्रपति मुर्मू काल्हु काजीरंगा नेशनल पार्क में गज उत्सव-2023 के उद्घाटन कइली आ बाद में गुवाहाटी में माउंट कंचनजंगा अभियान-2023 के झंडा देखा दिहली गुवाहाटी के गौहाटी हाईकोर्ट के 75 साल पूरा होखे के मौका पे आयोजित समारोह में राष्ट्रपति मुर्मू भी शामिल भईली ।

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।