फर्जी केस में सीएम आतिशी के गिरफ्तारी के तैयारी, केजरीवाल लगवले बड़ आरोप

Minee Upadhyay
केजरीवाल लगवले बड़ आरोप

दिल्ली सरकार के स्वास्थ्य विभाग के ओर से जारी नोटिस के लेके आम आदमी पार्टी के संयोजक अरविंद केजरीवाल अवुरी दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी एगो प्रेस कांफ्रेंस कईले। एह दौरान अरविंद केजरीवाल कहले कि हमनी के एतना काम कईले बानी जा, एही से हमनी के खाली हमनी के वोट देवे के कहतानी जा हमनी के अपना काम खातीर वोट मांगतानी। उs लोग (भाजपा) गारी अवुरी काम बंद करे पs वोट मांगतारे। हमनी के महिला सम्मान योजना के घोषणा कईले बानी जा, जवना के तहत हर महिला के 2100 रुपया देवे के घोषणा भईल बा अवुरी एकरा खातीर दिल्ली मंत्रिमंडल 1000 रुपया देवे के मंजूरी देले बा। एकरा से महिला के फायदा होई।

अरविंद केजरीवाल आगे कहले कि जवना तरह से बुजुर्ग लोग खातिर संजीवनी योजना के घोषणा भईल रहे, ओसही एकरा तहत हमनी के बुजुर्ग के सभ इलाज के इंतजाम करब। एह दुनो योजना के लेके भारी भीड़ बा। काल्हु ले महिला सम्मान योजना के तहत 12.50 लाख रजिस्ट्रेशन हो चुकल बा आ संजीवनी योजना के तहत करीब डेढ़ लाख बुजुर्ग लोग के रजिस्ट्रेशन भइल बा. भाजपा के एह बात के डर बा। बता दीं कि दिल्ली सरकार के स्वास्थ्य मंत्रालय नोटिस जारी कइले रहुवे. एह नोटिस जारी भइला के बाद अब संजीवनी योजना आ महिला सम्मान योजना पs सवाल उठल. 

सीएम आतिशी के गिरफ्तार करे के तइयारी चल रहल बा

अरविंद केजरीवाल आगे कहले कि हमनी के जानकारी मिलल बा कि दिल्ली के सीएम अतिशी के फर्जी केस बना के गिरफ्तार करे प्लान बनत बा. ईडी से कहल गइल बा कि आम आदमी पार्टी के सगरी बड़का नेता लोग के खिलाफ छापामारी करावल जाई इनकर मकसद बा कि हमनी के चुनावी तइयारी आ हमनी के प्रचार में बाधा डालल जाव. सूत्र से पता चलल बा कि परिवहन विभाग में आतिशी जी के खिलाफ फर्जी केस तैयार हो रहल बा। उs लोग महिला के दिहल मुफ्त यात्रा के रोकल चाहतारे।  हमनी के पूरा भरोसा बा कि दिल्ली के जनता एकर जवाब दिही। हमनी के लागता कि उs लोग के अपना काम के विवरण देवे के चाही। खाली हमनी के रोकला से दिल्ली के जनता खातीर हमनी के काम के कवनो नुकसान ना होई। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाथ-गोड़ में दर्द से राहत देई इs योगासन, रोज करीं एकर अभ्यास

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment