भारत के पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के निधन, 7 दिन के राष्ट्रीय शोक घोषित

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2024

भारत के प्रधानमंत्री रहल डॉ. मनमोहन सिंह के निधन हो गइल बा. पूर्व पीएम 92 साल के उमिर में आपन आखिरी साँस लिहले . बता दीं कि पीटीआई के मुताबिक डॉ. मनमोहन सिंह के स्वास्थ्य

Share

मनमोहन सिंह के निधन

भारत के प्रधानमंत्री रहल डॉ. मनमोहन सिंह के निधन हो गइल बा. पूर्व पीएम 92 साल के उमिर में आपन आखिरी साँस लिहले . बता दीं कि पीटीआई के मुताबिक डॉ. मनमोहन सिंह के स्वास्थ्य से जुड़ल समस्या के बाद एम्स दिल्ली के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती करावल गईल। रात 9:51 बजे उs दुनिया के अलविदा कs देले।  डॉ. मनमोहन सिंह 2004 से 2014 ले यूपीए सरकार में भारत के प्रधानमंत्री के पद लs रहले। उनुका निधन पs भारत के राजनीति समेत अलग-अलग क्षेत्र के हस्ती के ओर से शोक संदेश आवता।

दिल्ली कांग्रेस एह बात के पुष्टि कइलस

दिल्ली कांग्रेस लिखले बा – “प्रसिद्ध अर्थशास्त्री अवुरी देश के पूर्व प्रधानमंत्री आदरणीय मनमोहन सिंह जी के निधन भारतीय राजनीति खातीर अपूरणीय क्षति बा। भगवान उनुका दिवंगत आत्मा के शांति अवुरी परिवार के एs नुकसान के सहन करे के ताकत देस। दिल्ली कांग्रेस।”

7 दिन के राष्ट्रीय शोक

पीएम मोदी समेत बहुत नेता अवुरी हस्ती पूर्व प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह के निधन पs दुख जतवले बाड़े। पूर्व पीएम के निधन पs 7 दिन के राष्ट्रीय शोक घोषित कs दिहल गईल बा। आज केन्द्र सरकार के ओर से आयोजित सगरी सरकारी कार्यक्रम रद्द रही. आज सबेरे 11 बजे मंत्रिमंडल के बइठक होखी. एकरा बाद डॉ. मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार पूरा राजकीय सम्मान के संगे कईल जाई।

इहो पढ़ीं:अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.