Magh Mela : प्रयागराज में काम काम रुकववला पs तीर्थपुरोहितन में आक्रोश, बेटा पेट्रोल छिड़क के आत्मदाह के कइलस कोसिस

Share

प्रयागराज। माघ मेला इलाका में काम रुकववला के बाद तीर्थपुरोहित लोग बहुते नाराज हो गइल। गुस्साइल तीर्थपुरोहित लोग प्रयागराज मेला प्राधिकरण दफ्तर पs घंटन हंगामा कइल। एह बीच एगो तीर्थपुरोहित के बेटा अपना ऊपर पेट्रोल छिड़क के आग लगावे के कोसिस कइलस, जवना से मेला इलाका में हड़कंप मच गइल। मवजूद लोग तुरंत ओकरा के पकड़ के जान बचा लिहल। मेला प्राधिकरण दफ्तर पs रात 12 बजे के बाद तक तीर्थपुरोहित लोग जुटल रहल आ नारा लगावल। उप मेलाधिकारी विवेक शुक्ला सहिम कइयन गाे अधिकारी आके समझा-बुझा के मामला शांत करवावल लोग।

तीन जनवरी से सुरू होई कल्पवास

माघ मेला क्षेत्र में तीन जनवरी से कल्पवास सुरू होखे वाला बा। गृहस्थ लोग तीर्थपुरोहितन के शिविर में रह के कल्पवास करेला। एह बेर जमीन बंटवारा में बहुत देर होखला से तीर्थपुरोहित पहिलही से नाराज चल रहल बा लोग। जमीन मिलला के बाद ओकरा पs टेंट, शौचालय, बिजली जइसन बेवस्था के काम चल रहल बा। मेला क्षेत्र के सेक्टर छव के उत्तरी पटरी पs राई पंडा के जमीन मिलल रहे। सुक के ऊ काम करवावत रहलें कि सांझ के अमीन आके काम रुकवा देलें, जवना से विवाद बढ़ गइल आ कहासुनी होखे लागल।

बच्चा पंडा पेट्रोल छिड़कलें

रात 10 बजे के बाद कइयन गो तीर्थपुरोहित मेला प्राधिकरण दफ्तर पहुंच के हंगामा करे लागल। भीड़ बढ़ला पs पुलिस आ पीएसी के जवानन के बोलावल गइल। बाहरी लोगन के रोके खातिर मेन गेट बंद करवा दिहल गइल। एह बीच बच्चा पंडा अपना ऊपर पेट्रोल छिड़क लेलें।

प्रयागवाल सभा के अध्यक्ष प्रदीप पांडे बतवलें कि अमीन गलत बयानबाजी कइलस, जवना चलते ममिला आउर बिगड़ गइल। प्रशासन साफ कहलस कि केहू के जमीन ना काटल जाई, ना काम रुकी। एह भरोसा के बाद तीर्थपुरोहित संतुष्ट हो गइलें।

Read Also: Bangladesh Violence : बांग्लादेश में मशहूर सिंगर जेम्स के कॉन्सर्ट पs भीड़ के हमला, कइयन लोग घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-