Bangladesh Violence : बांग्लादेश में मशहूर सिंगर जेम्स के कॉन्सर्ट पs भीड़ के हमला, कइयन लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2025

नई दिल्ली। बांग्लादेश में लगातार बढ़ रहल हिंसा के बीच मशहूर गायक जेम्स के कॉन्सर्ट पs भीड़ हमला कs दिहल, जवना वजह से कार्यक्रम रद्द कs दिहल गइल। ई कॉन्सर्ट ढाका से करीब 120 किलोमीटर

Share

नई दिल्ली। बांग्लादेश में लगातार बढ़ रहल हिंसा के बीच मशहूर गायक जेम्स के कॉन्सर्ट पs भीड़ हमला कs दिहल, जवना वजह से कार्यक्रम रद्द कs दिहल गइल। ई कॉन्सर्ट ढाका से करीब 120 किलोमीटर दूर फरीदपुर में होखे वाला रहे। कलाकार आ सांस्कृतिक संस्थानन पs हो रहल हमलन के बाद आयोजकन के ई फैसला लेवे के पड़ल। खबर बा कि एह हिंसा में करीब 25 छात्र घायल हो गइल बा लोग।

स्थानीय रिपोर्ट के मोताबिक, बांग्लादेश के एगो स्कूल के सालगिरह पs सुक के रात करीब 9 बजे संगीत कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल रहे। एह दौरान कुछ उपद्रवी तत्व जबरन कार्यक्रम स्थल में घुसे के कोसिस कइलें सs आ लोगन पे ईंटा-ठेला फेंके लगले सs। कइयन गो छात्र एह हमला के विरोध कइल, बाकिर हालात बिगड़त देख आखिरकार कॉन्सर्ट कैंसिल करे के फैसला लिहल गइल।

तस्लीमा नसरीन बतवली पूरा ममिला

बांग्लादेश के मशहूर लेखिका तस्लीमा नसरीन एह घटना के जानकारी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs साझा कइली। ऊ लिखली कि “कल्चरल केंद्र छायानाट के जला के राख कs दिहल गइल बा। हमलावर संगीत, नृत्य, कविता आ लोक संस्कृति के बढ़ावा देवे वाला संगठन उदिची के आग के हवाले कs देलें सs। उग्रवादी मशहूर गायक जेम्स के परफॉर्म करे से रोक देलें सs।”

तस्लीमा नसरीन के मोताबिक, कुछ दिन पहिले मशहूर उस्ताद अलाउद्दीन खान के बेटा सिराज अली खान ढाका गइल रहलें। ऊ मैहर घराना के नामी कलाकार हवे। बाकिर बांग्लादेश में बिगड़ रहल हालात के चलते ऊ बिना प्रस्तुति देले भारत वापस लवट गइलें। रवाना होखे से पहिले ऊ कहलें कि जब तक बांग्लादेश में कलाकार, संगीत आ सांस्कृतिक संस्थान सुरक्षित ना हो जाई, तब तक ऊ दोबारा उहवां ना जइहें।

के बाड़ी सिंगर जेम्स?

जेम्स बांग्लादेश के सबसे मशहूर गायकन में गिनल जालें। ऊ प्लेबैक सिंगिंग खातिर जानल जालें। ‘नागर बाउल’ नाम के रॉक बैंड के मुख्य गायक आ गीतकार के रूप में जेम्स के खास पहचान बा। ऊ कइयन गो हिंदी फिलिमन में आवाज दे चुकल बाड़े। एमे फिलिम गैंगस्टर के गाना ‘भीगी भीगी’ आ लाइफ इन ए… मेट्रो के मशहूर गाना ‘अलविदा’ सामिल बा।

Read Also: 27 दिसंबर 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.