आंध्र प्रदेश के तिरुपति मंदिर में एक बेर फेरु एगो बड़हन हादसा हो गइल बा.जानकारी के मुताबिक, जवना इलाका में लड्डू प्रसाद के श्रद्धालु के बांटल जाता, उs इलाका में आग के घटना भईल, जवना के चलते मौका पs मौजूद भीड़ में अराजकता मच गईल। मामला के जानकारी देत तिरुपति देवस्थानम बोर्ड के जेईओ वेंकैया चौधरी बतवले कि काउंटर नंबर 47 पs कंप्यूटर से जुड़ल यूपीएस सिस्टम में शार्ट सर्किट के चलते आग लाग गईल। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड के जवान तुरंत मौका पs पहुंचले अवुरी आग पs काबू पावे के कोशिश करतारे।
Tirumala, Andhra Pradesh | A fire accident occurred in the area where laddu prasadam is distributed to devotees, leading to panic among the crowd. The fire broke out at counter number 47 due to a short circuit in the UPS system connected to the computer. The staff immediately…
— ANI (@ANI) January 13, 2025
एक हफ्ता में भगदड़ के दूसरका घटना
10 दिन के बैकुंठ द्वार दर्शनम उत्सव के दौरान भईल इs घटना। एह मौका पs देश भर से हजारों लोग तिरुपति मंदिर पहुंचल बाड़े। हालांकि एs दौरान कवनो बड़ घटना ना भइल , काहेंकी आज के भक्त के संख्या पछिला घटना के दिन के मुक़ाबले कम रहे।