जोर-शोर से भइल महाकुंभ के महाआगाज, डुबकी लगवले के साथे हर तरफ लागत बा जयकारा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 13, 2025

पौष पूर्णिमा के शुभ अवसर पs प्रयागराज में महाकुंभ के शुरुआत हो गइल बा. लाखों श्रद्धालु आजु त्रिवेणी संगम में डुबकी लगाइहें. हिन्दू धर्म के सबसे बड़ धार्मिक पर्व के लेके भक्तन के मन में

Share

Mahakumbh 2025

पौष पूर्णिमा के शुभ अवसर पs प्रयागराज में महाकुंभ के शुरुआत हो गइल बा. लाखों श्रद्धालु आजु त्रिवेणी संगम में डुबकी लगाइहें. हिन्दू धर्म के सबसे बड़ धार्मिक पर्व के लेके भक्तन के मन में उत्साह देखल जा रहल बा। 13 जनवरी से शुरू होखे वाला महाकुंभ के पावन परब 26 फरवरी ले चलत रही। मानल जाला कि ई महाकुंभ 144 साल बाद आइल बा आ एही से एकरा के बहुत खास मानल जाला। महाकुंभ के पहिला अमृत स्नान (शाही स्नान) 14 जनवरी के होई। हिन्दू पौराणिक कथा के अनुसार महाकुंभ में डुबकी लगावे से आदमी के सब पाप धोएले आ ओकरा के आध्यात्मिक ज्ञान मिलेला।  

अब ले 60 लाख लोग नहा चुकल बाड़े

महाकुंभ में लाखों श्रद्धालु आ रहल बाड़े, जानकारी के मुताबिक आज सबेरे साढ़े नौ बजे ले 60 लाख लोग नहा चुकल बाड़े। एकरा संगे यूपी सरकार भी जनता के सुरक्षा खातीर अलग-अलग जगह पs सुरक्षा बल के तैनाती कईले बिया।

त्रिवेणी घाट पs सुबेरे से स्नान शुरू

आज प्रयागराज के गंगा, यमुना आ अदृश्य सरस्वती के त्रिवेणी संगम में लोग के भीड़ जुटल बा। आजु से महाकुंभ शुरू हो गइल बा आ पौष पूर्णिमा के पुण्य तिथि पs लोग नहाए खातिर त्रिवेणी घाट पs पहुँच रहल बा. 

इहो पढ़ीं : भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गोरखनाथ मंदिर के बाटे बहुते रोचक इतिहास, जानीं काहें चढ़ावल जाला मकर संक्रांति के दिने खिचड़ी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.