Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lok Sabha Election: लालू के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी होखला पs सियासत, भाजपा बोलल- राजद वातावरण दूषित कइलस

613

राष्ट्रीय जनता दल के सुप्रीमो के खिलाफ गिरफ्तारी के वारंट जारी होखला के बाद बिहार में सियासत तेज हो गइल बा। भारतीय जनता पार्टी लगातार लालू प्रसाद के पार्टी राजद पs हमला बोल रहल बिया। भाजपा सोशल मीडिया पs लिखलस कि कांग्रेस आ राजद बिहार के पीछे धकेले के काम कइलस। लालू प्रसाद पs हमला बोलत कहलें कि लालू राज में जमीन लेला के बाद नौजवानन के रोजगाार दिहल जाता रहे।

राजद वातावरण दूषित कs देले रहे 

भाजपा आरोप लगावत सोशल मीडिया पs लिखलस कि राजद वातावरण दूषित कs देले रहे। पीएम मोदी के बिहार अइला से वातावरण साफ हो गइल बा। अब एकतरफा लड़ाई बा। 2024 के लोकसभा चुनाव में बिहार में भाजपा चालीस के चालीस सीट पs जीते जा रहल बिया। जनता महागठबंधन के सब करतूत के देख रहल बिया।

जानीं, कवना ममिला में कोर्ट जारी कइलस वारंट

लालू प्रसाद यादव के खिलाफ मध्य प्रदेश के एमपीएमएलए कोर्ट गिरफ्तारी वारंट जारी कइले बा। ममिला हथियारन के अवैध खरीद-फरोख्त से जुड़ल बा आ करीब 26 साल से लंबित बा। ग्वालियर के एमपी-एमएलए कोर्ट एह संबंध में लालू के खिलाफ ई वारंट जारी कइल गइल बा। ग्वालियर के अदालत लालू प्रसाद यादव के एह ममिला में 1998 में फरार घोषित कइल गइल रहे।

यूपी के फर्म के संचालक राजकुमार शर्मा पs आरोप बा कि ऊ ग्वालियर के हथियारन के तीन कंपनियन से फर्जीवाड़ा कs के 1995 से 1997 के बीच हथियार आ कारतूस किनले रहस। शर्मा हथियार आ कारतूस बिहार में बेच देले रहे। जवना लोगन के ई हथियार बेचल गइल, ओमे लालू प्रसाद यादव के नाम बा। ई ममिला 23 अगस्त, 1995 से 15 मई 1997 के बीच के बा। एह ममिला में कुल 22 आरोपी बा। छव के खिलाफ सुनवाई चल रहल बा। दु के मौत हो चुकल बा। ओहिजा, लालू प्रसाद यादव समेत 14 फरार बा लो।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.