कापी में अल्हा-हू-अकबर लिखले अउरी नमाज पढ़े वाले वंश के बात सुन के पुलिस हैरान अउर भाजपा बूथ अध्यक्ष पिता परेशान

Share

हनुमंत विहार में घर में नमाज अदा कइले पर मां के डांटे अउर कापी में अल्हा-हू-अकबर लिख के भागे वाले 11वीं के छात्र वंश के बात हैरान करे वाला बा। अजमेर से लइला के बाद उ जौन बतवलस, ओके सुन के पुलिस अउरी घर वाले भी परेशान हो गइलें।

हनुमंत विहार के संजय गांधी नगर निवासी आइसक्रीम फैक्ट्री संचालक अउरी भाजपा बूथ अध्यक्ष राकेश गुप्ता के बड़ बेटा वंश मदर टेरेसा स्कूल में 11वीं के छात्र हवे। कुछ दिन पहिले बेटा घर में नमाज अदा करत देख ओकर माई डांट लगा देहलें। एकरे बाद बियफ़े के साँझ के उ घर से लापता हो गइल रहे।

पुलिस जांच शुरू कइलस त पता चलल कि उ ट्रेन से अजमेर जात रहे। पुलिस तत्काल एकर जानकारी रेलवे पुलिस के देहलस त जयपुर स्टेशन पs जीआरपी वंश के पकड़ लिहलस। अतवार के स्वजन पुलिस के संगे ओ के ले के जयपुर से लौटल।

छात्र बतवलस कि कक्षा आठ में ओकर कम नंबर अइलें, एह पर उनके बहुत डांटल गइल। बाद में ओकर मुस्लिम दोस्त ओके अजमेर शरीफ दरगाह के बारे में बतवलें, सथही जानकारी देहलें कि जे भी उनसे मन्नत मांगsला, ऊ पूरा हो जाला। एकरे बाद, उ यूट्यूब पर मुस्लिम धर्म के बारे में जानकारी जुटावल शुरू क देहलस।

ओहीजा घर वाले बतवलें कि करीब एक साल से बेटा के हाव-भाव बदलल लागत रहे। उ कई बेर स्कूल के प्रधानाचार्य से एकर शिकायत कइल चहलें लेकिन ऊ नाइ मिलली। स्कूल अगर ओही घरी ध्यान देइत त शायद ऊ घटना नाइ होइत।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-