Gorakhpur Mafia: माफिया अजीत कइले रहे नगर निगम के जमीन पs कब्जा, पुलिस चलवलस बुलडोजर

Share

गोरखपुर फल मंडी रोड पs इस्थित बेतियाहाता में माफिया अजीत शाही के कब्जा वाला मैरेज हाउस पs प्रशासन के बुलडोजर चल गइल। मैरेज हाउस में बनावल गइल कमरा, रसोई, शौचालय आ स्नानघर के तुड़के जमींदोज कs दिहल गइल। ओहिजा चाहदीवारी तुड़के समूचा जमीन के प्रशासन अपना कब्जा में ले लेले बा।

जानकारी के मोताबिक, गोरखपुर जिला के टॉप 10 सूची में सामिल माफिया अजीत शाही पs रेलवे कोऑपरेटिव बैंक में जाके धमकावे आ रंगदारी मांगे के बाद केस दर्ज कइल गइल रहे। पुलिस के दबाव बढ़ला पs माफिया कोर्ट में आत्मसमर्पण कs देले रहे।

अब पुलिस के नजर ओकरा अतिक्रमण वाला मकान के हिस्सा पs बा। पुलिस के रिपोर्ट पs डीएम अतिक्रमण हटावे के आदेस देलें, जवना के बाद एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई आ नगर निगम के टीम अतिक्रमण के जमींदोज कs दिहल।

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-