योगी के शपथ ग्रहण से पहिलहीं लखनऊ में एनकाउंटर

Share

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में योगी आदित्यनाथ के दुसरका शपथ ग्रहण से पहिलहीं राजधानी में अभूतपूर्व सुरक्षा कइल गइल बा। पीएम मोदी समेत सैकड़ों वीवीआईपी के पहुंचले से पहिलहीं इहां पुलिस अउर बदमाश के बीच एनकाउंटर भइल। पुलिस के संगे मुठभेड़ में इनामी बदमाश राहुल सिंह मरा गइल।

ई मुठभेड़ हसनगंज इलाका में बिहाने करीब 4 बजे भइल। इनामी बदमाश राहुल सिंह अलीगंज ज्वैलर्स लूट कांडो में वांटेड रहल। लूट के दौरान ऊ कर्मचारी के गोली मारके हत्या कs देहले रहल। आज बिहाने लखनऊ में पुलिस ओके घेरलस त ऊ गोलीबारी करे लागल। दूनो ओर से गोलीबारी में राहुल सिंह घायल हो गइल। पुलिस बदमाश के अस्पताल में भर्ती करवलस, जहवां ओकर मौत हो गइल।

इंस्पेक्टर अलीगंज धर्मेंद्र सिंह यादव के मुताबिक कपूरथला अलीगंज सेक्टर-बी में निखिल अग्रवाल के तिरुपति ज्वैलर्स के नाव से दुकान बा। 8 दिसंबर 2021 के बिहाने निखिल, कर्मचारी श्रवण कुमार अउर दू महिला कर्मचारी दुकान में मौजूद रहने। ओही समय बदमाश धड़धड़ात दुकान में घुस गइल। असलहां से लैस बदमाश जेवर लूट लेहले रहने। भागत वक्त श्रवण एगो बदमाश के ध लेहले रहल। जौन असलहा से श्रवण के पेट में गोली मार देहलस। जेसे कर्मचारी के मौत हो गई रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-