पीएम मोदी के माई हीराबेन के तबीयत बिगड़ल, मीले खातिर पहुंच सकतनें प्रधानमंत्री

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मां हीराबेन के तबीयत बिगड़ गइल बा जेकरे बाद उनके अहमदाबाद के यूएन मेहता अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मीडिया रिपोर्ट के हवाले से ई जानकारी सामने आइल बा। बता देईं कि हीराबेन के उमिर 100 साल से अधिक बा अउर अभीनो ऊ नगदे सक्रिय रहेली।

अस्पताल जारी कइलस ताजा रिपोर्ट
यूएन मेहता अस्पताल प्रबंधन ताजा रिपोर्ट जारी करत कहनें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मां हीराबेन मोदी के अहमदाबाद में यूएन मेहता इंस्टीट्यूट ऑफ कार्डियोलॉजी एंड रिसर्च सेंटर में भर्ती करावल गइल बा अउर उनकर स्वास्थ्य स्थिति फिलहाल स्थिर बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-