PM Modi : ‘सोमनाथ तुड़े वाला इतिहास में सिमट गइलें, आजो विरोधी ताकत सक्रिय’; पीएम मोदी के भाषण के बड़ बात

Prime Minister Narendra Modi addressing devotees at Somnath Temple during Svabhiman Parv

Share

सेंट्रल डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमनाथ मंदिर पहुंच के ना खाली पूजा-अर्चना कइलें, बलुक देस के इतिहास, आस्था आ आत्मसम्मान से जुड़ल मजबूत संदेश देलें। सोमनाथ स्वाभिमान परब के मौका पs पीएम मोदी कहलें कि सोमनाथ तुड़े वाला आक्रांता आज इतिहास के पन्नन में सिमट गइल बाड़ें, बाकिर दुर्भाग्य से आजो देस में अइसन ताकत मवजूद बाड़ी सऽ, जे मंदिर के पुनर्निर्माण के विरोध करत रहल बा।

देसभर से जुड़ल श्रद्धालु लोगन के संबोधित करत पीएम मोदी कहलें, “आज देस के कोना-कोना से लाखन लोग हमनी से जुड़ल बाड़ें। ई समय अद्भुत बा, ई माहौल अद्भुत बा। एक ओर महादेव, दुसरा ओर समुद्र के लहर, मंत्रन के गूंज आ भक्तन के मवजूदगी- ई सब मिल के एह अवसर के दिव्य बना रहल बा।” प्रधानमंत्री कहलें कि सोमनाथ मंदिर ट्रस्ट के अध्यक्ष के रूप में एह ऐतिहासिक परब में सेवा करे के मवका मिलल, ई उनकर सौभाग्य बा।

1000 साल पहिले के संघर्ष, आज के गौरव

पीएम मोदी कहलें कि जब आज ऊ एह पवित्र धरती पs खड़ा होके बोल रहल बाडें, तs मन में बार-बार ई सवाल उठत बा कि 1000 साल पहिले इहां कइसन माहौल रहल होई। ऊ कहलें, “हमनी के पुरखा आपन आस्था आ महादेव खातिर सब कुछ न्योछावर कs देलें। आक्रांता के लागल कि ऊ जीत गइलें, बाकिर 1000 साल बादो सोमनाथ के ध्वजा पूरा दुनिया के भारत के शक्ति के संदेश दे रहल बा।”

प्रधानमंत्री साफ शब्दन में कहलें कि सोमनाथ के इतिहास विनाश के ना, बलुक विजय आ पुनर्निर्माण के इतिहास बा। आक्रांता आवत रहलें सs, बाकिर हर युग में सोमनाथ फेर से खड़ा भइल। अइसन धैर्य, संघर्ष आ पुनर्निर्माण के उदाहरण दुनिया के इतिहास में बहुत कम मिले ला।

कट्टर सोच आ तुष्टीकरण पर निशाना

पीएम मोदी कहलें कि जवन लोग आपन धरम के प्रति सच्चा होखेला, ऊ कबो कट्टरपंथी सोच के समर्थन ना करेला। बाकिर तुष्टीकरण के राजनीति करे वाला लोग हमेसा अइसन सोच के आगे घुटना टेकला। ऊ याद दिलवलें कि आजादी के बाद जब सरदार वल्लभभाई पटेल सोमनाथ के पुनर्निर्माण के संकल्प लेलें, तs तबो रोक लगावे के कोसिस भइल। 1951 में तत्कालीन राष्ट्रपति डॉ. राजेंद्र प्रसाद के मंदिर गइलो पs आपत्ति जतावल गइल रहे।

पीएम मोदी चेतावनी देलें कि आज तलवार के जगह नया आ गुप्त तरीका से भारत के खिलाफ साजिश रचल जा रहल बा। एकरा से देस के सतर्क, मजबूत आ एकजुट रहे के जरूरत बा।

शौर्य यात्रा आ मंदिर में पूजा-अर्चना

प्रधानमंत्री मोदी अतवार के करीब 30 मिनट तक सोमनाथ मंदिर में पूजा-अर्चना कइलें। ऊ शिवलिंग पs जल चढ़वलें, फूल अर्पित कइलें आ पंचामृत से अभिषेक कइलें। बाहर निकल के पुजारियन आ स्थानीय कलाकारन से भेंट कइलें आ चेंदा वाद्य यंत्र बजवलें।

एकरा से पहिले करीब 1 किलोमीटर लमहर शौर्य यात्रा में पीएम मोदी डमरू बजावत चललें आ वीर हमीरजी गोहिल आ सरदार वल्लभभाई पटेल के प्रतिमा के नमन कइलें।

Read Also : X Platform Obscene content :  एक्स मनलस गलती, कहलस- भारतीय कानून के पालन होई; 600 अकाउंट बंद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-