Chhapra Crime News : दाउदपुर में बीएसएनएल टावर पs चोरी के कोसिस नाकाम, 400 मीटर केबल कटलें सs, एगो बाइक बरामद

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 11, 2026

छपरा। सारण जिला के दाउदपुर थाना क्षेत्र में सुक के देर रात बीएसएनएल टावर के निशाना बना के चोर लाखन रुपिया के चोरी करे के कोसिस कइलें सs, बाकिर ग्रामीणन के सतर्कता आ पुलिस के

Share

BSNL tower in Daudpur where cable theft attempt was foiled and bike was recovered

छपरा। सारण जिला के दाउदपुर थाना क्षेत्र में सुक के देर रात बीएसएनएल टावर के निशाना बना के चोर लाखन रुपिया के चोरी करे के कोसिस कइलें सs, बाकिर ग्रामीणन के सतर्कता आ पुलिस के त्वरित कार्रवाई से ई साजिश नाकाम हो गइल। चोर टावर परिसर में घुस के मोबाइल नेटवर्क के केबल काट देलें सs, बाकिर पकड़इला के डर से मौका देख के आपन बाइक छोड़ के फरार हो गइलें सs।

ई घटना सुक आ सनिचर के बीच रात करीब दु बजे के बतावल जा रहल बा। रात में टावर परिसर लगे कुछ संदिग्ध गतिविधि देख के आसपास के ग्रामीणन के शक भइल। बिना देरी कइले लोग डायल 112 आ दाउदपुर थाना पुलिस के सूचना देलस। खबर मिलतही पुलिस टीम तुरंत मौका पs पहुंचलें आ पूरा इलाका कs के घेराबंदी कs के चोरन के पकड़े के कोसिस सुरू कइलस।

घना कोहरा बनल चोरन के मददगार

पुलिस कार्रवाई के दौरान घना कोहरा आ अन्हरिया चोरन के मददगार बन गइल। एह मौका के फायदा उठा के चोर पुलिस के चकमा देके भाग निकलले सs। हालांकि, हड़बड़ी में ऊ आपन एगो बाइक घटनास्थल पs छोड़ देलें सs, जवन अब पुलिस खातिर बड़ सुराग बन गइल बा।

400 मीटर बीएसएनएल केबल काटल

घटना के बाद बीएसएनएल अधिकारियन के कइल गइल जांच में सामने आइल कि चोर टावर पs ऊपर से नीचे तक करीब 400 मीटर मोबाइल नेटवर्क के केबल काट देलें सs। एकरा से दाउदपुर आ आसपास के इलाकन में 2जी, 3जी आ 4जी मोबाइल सेवा पूरा तरे ठप हो गइल बा। नेटवर्क बंद होखला से आम उपभोक्ता, बेयपारी आ छात्रन के भारी परेशानी उठावे के पड़ रहल बा।

एफआईआर दर्ज, जांच तेज

एह ममिला में बीएसएनएल में कार्यरत टीएसएम सोमनाथ यादव दाउदपुर थाना में अज्ञात चोरन के खिलाफ लिखित आवेदन देके प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़ें। दाउदपुर थानाध्यक्ष कुंदन कुमार बतवलें कि घटनास्थल से बरामद बाइक के आधार पs चोरन के पहचान कइल जा रहल बा। पुलिस आसपास के इलाकन में लागल सीसीटीवी फुटेज खंगाल रहल बिया।

थानाध्यक्ष के कहनाम बा कि पुलिस जल्दिये पूरा ममिला के खुलासा करी आ चोरी के कोसिस में सामिल आरोपियन के गिरफ्तार कइल जाई। ग्रामीणन के सतर्कता से भइल ई कार्रवाई क्षेत्र में चरचा के विषय बन गइल बा।

Read Also: PM Modi : ‘सोमनाथ तुड़े वाला इतिहास में सिमट गइलें, आजो विरोधी ताकत सक्रिय’; पीएम मोदी के भाषण के बड़ बात

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.