नई दिल्ली। भारत-अमेरिका ट्रेड डील पs सहमति बनला के बाद मंगर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एनडीए संसदीय दल के बैठक में पहुंचलें। संसद परिसर में बजट सत्र के बीच भइल एह बैठक में पीएम मोदी के जोरदार स्वागत कइल गइल। एह दौरान पीएम मोदी सब एनडीए सांसदन से कहलें कि सदन में पूरा मवजूद रहीं आ चरचा में बढ़-चढ़ के हिस्सा लीं।
ट्रेड डील पs पीएम मोदी के खुसी
पार्लियामेंट एनेक्सी बिल्डिंग में भइल एह बैठक के अध्यक्षता खुद पीएम मोदी कइलें। ऊ सांसदन के ना खाली संसद में सक्रिय भूमिका निभावे के नसीहत देलें, बलुक भारत-अमेरिका ट्रेड डील पs खुसी जतावत कहलें कि सब्र के फल मीठ होला। पीएम मोदी कहलें कि लगातार मेहनत आ सही नीति के चलते आज भारत दुनिया में मजबूत आर्थिक ताकत बन रहल बा।
बैठक के बाद किरेन रिजिजू के बयान
एनडीए संसदीय दल के बैठक के बाद संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू पत्रकारन के जानकारी देलें। ऊ बतवलें कि पीएम मोदी सांसदन से साफ शब्दन में कहलें कि चुनाव जीत के संतुष्ट मत होखीं। चाहे लोकसभा होखे, विधानसभा होखे भा स्थानीय निकाय चुनाव- हर जगह जमीनी स्तर पs काम जारी रखे के जरूरत बा।
रिजिजू कहलें कि प्रधानमंत्री के माने के बा कि बिना जमीन पs मेहनत कइले चुनाव ना जीतल जा सके। जनता के कल्याण खातिर लगातार काम करत रहे के संनेस पीएम मोदी देलें।
39 देसन संगे ट्रेड डील पs सम्मान
बैठक में एनडीए नेता पीएम मोदी के 39 देसन के संगे सफल ट्रेड एग्रीमेंट पूरा करे खातिर सम्मानित कइलें। किरेन रिजिजू बतवलें कि अमेरिका संगे ट्रेड डील आ टैरिफ घटला से पूरा देस में उत्साह के माहौल बा। सांसदन में खुसी बा कि पीएम मोदी के नेतृत्व में भारत 39 विकसित देसन के संगे बेयपार समझौता कइलस, जवन ऐतिहासिक उपलब्धि बा।
केंद्रीय मंत्री आ घटक दल के सांसद रहे लोग मवजूद
बैठक में नव-निर्वाचित भाजपा अध्यक्ष नितिन नवीन के औपचारिक स्वागत कइल गइल। एह बैठक में भाजपा, टीडीपी, जेडीयू, एलजेपी (आर), शिवसेना, जेडीएस सहित एनडीए के तमाम घटक दलन के सांसद सामिल भइलें। रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृह मंत्री अमित शाह, जेपी नड्डा, अनुप्रिया पटेल, प्रफुल पटेल, श्रीकांत शिंदे आ उपेंद्र कुशवाहा जइसन दिग्गज नेता लोग बैठक में मवजूद रहलें।
Read Also: Maharashtra Fire : ठाणे के 18 मंजिला इमारत में लागल भीषण आग, दु लोग झुलसल, 70 के बचावल गइल








