नौसेना में शामिल भइल स्वदेशी INS विक्रांत, पीएम मोदी देश के कइलें समर्पित
भारतीय नौसेना खातिर आजु दिन अहम बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कोच्चि पहुंच चुकल बानें। तनिके देर में ऊ देश के पहिला स्वदेशी INS विक्रांत सौंपिहें। कोचीन शिपयार्ड पर तैयार कइल गइल एह विमान वाहक पोत के बनवला में 20,000 करोड़ रुपया के लागत आइल बा। एह पोत के आधिकारिक तौर पs शामिल होखला से नौसेना के ताकत दोगुनी हो जाई।
पीएम मोदी ले दिहल गइल गार्ड ऑफ ऑनर
INS विक्रांत के कमीशनिंग समारोह खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी केरल के कोच्चि में कोचीन शिपयार्ड लिमिटेड में पहुंचल बानें। इहां नौसेना सेना के जवान लोग उनके गार्ड ऑफ ऑनर दिहलें।
Prime Minister Narendra Modi receives the Guard of Honour as he arrives for the Commissioning ceremony of the first indigenous aircraft carrier, at Cochin Shipyard Limited in Kochi, Kerala.#INSVikrant pic.twitter.com/zIUiI1JDNL
— ANI (@ANI) September 2, 2022
Comments are closed.