Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पीएम मोदी कइलें इनवेस्ट कर्नाटक 2022 के उद्धाटन, बोललें- भारत के ओर देख रहल बा दुनिया

1,451
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु (बुधवार) कर्नाटक में आयोजित वैश्विक निवेशक सम्मेलन ‘इनवेस्ट कर्नाटक-2022’ के वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से उद्घाटन कइलें। साथही लोग के संबोधित करत कहलें कि भारत में यूक्रेन-रूस के बीच चल रहल युद्ध अउर हालही में आइल कोरोना महामारी से बनल स्थितियन के विपरीत प्रभाव पड़ रहल बा। उहवें अब पूरा दुनिया भारत के तरफ उम्मीद भरल नजर से देख रहल।

कर्नाटक उ जगह ह जहवाँ परंपरा अउर तकनीक दूनों बा

इन्वेस्ट कर्नाटक 2022 समिट में पीएम मोदी कर्नाटक के प्राकृतिक खूबसूरती अउर संस्कृति के बारे में बात कइलें। उ कहलें कि ई उ जगह ह जहवाँ परंपरा अउर तकनीक दूनों बा। ई ऊ जगह ह जहवां प्रकृति अउर संस्कृति के अनूठा संगम ह। जब हम टैलेंट अउर टेक्नोलॉजी के बात करेने, त सबसे पहिले हमनी के दिमाग में बेंगलुरु नाम आवsला।

अर्थव्यवस्था को मजबूत करने के लिए लगातार काम कर रहे हैं

आगे पीएम मोदी ने कहा कि हालांकि यह वैश्विक संकट का समय है, दुनिया भर के अर्थशास्त्री और विशेषज्ञ भारत को एक उज्ज्वल स्थान के रूप में वर्णित कर रहे हैं। हम अपनी अर्थव्यवस्था को मजबूत करने के लिए अपने बुनियादी सिद्धांतों पर काम लगातार कर रहे हैं। जिन मुक्त व्यापार सौदों पर हस्ताक्षर किए गए हैं, वे दुनिया को हमारी तैयारियों की एक झलक देते हैं।

निजी निवेश खातिर दरवाजे खोललें

शिखर सम्मेलन में पीएम मोदी कहलें कि हमनीं के अपने निवेशकन के लालफीताशाही से मुक्त कइले बानीं जा अउर उनके बहुत अवसर दिहलें बानें। हमनीके निवेशकन के विभिन्न क्षेत्र में निवेश के प्रोत्साहित करतनी जा जइसे पहिले रक्षा, ड्रोन, अंतरिक्ष आदि। पहिले इहां निजी निवेश खातिर दरवाजा बंद रहल।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.