वाराणसी। देस के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सनिचर के दिन वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से वाराणसी में आयोजित 72वां राष्ट्रीय वॉलीबॉल टूर्नामेंट के उद्घाटन कइलें। एह खास मौका पs उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मवजूद रहलें। दुपहरिया करीब 12 बजे जइसही प्रधानमंत्री मोदी ऑनलाइन रूप से टूर्नामेंट के सुभारंभ कइलें, तs पूरा स्टेडियम तालियन आ उत्साह से गूंज उठल।
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उद्घाटन समारोह में मंच से संबोधित करत कहलें कि खेल समय के बर्बादी ना हs, बलुक जिनगी के सर्वांगीण विकास के मजबूत माध्यम हs। खेल से ना खाली देह मजबूत होला, बलुक अनुशासन, आत्मविश्वास आ टीम भावना पैदा होला। सीएम योगी बतवलें कि केंद्र आ राज्य सरकार खेल आ खिलाड़ियन के हर स्तर पs बढ़ावा देवे खातिर लगातार काम करत बाड़ी सs।
ई उद्घाटन समारोह डॉ. संपूर्णानंद स्पोर्ट्स स्टेडियम, वाराणसी में आयोजित भइल, जवना के निर्माण हाले में पूरा भइल बा। एह आधुनिक स्टेडियम में 4 जनवरी से 11 जनवरी तक राष्ट्रीय वॉलीबॉल टूर्नामेंट चल रहल बा। एह प्रतियोगिता में देस भर के अलग-अलग राज्य आ संस्थानन के प्रतिनिधित्व करे वाली कुल 58 टीम भाग ले रहल बाड़ी सs, जवना में 1,000 से जादे राष्ट्रीय स्तर के खिलाड़ी सामिल बा लोग।
72वीं राष्ट्रीय वॉलीबॉल प्रतियोगिता के आयोजन से वाराणसी में खेल के बुनियादी ढांचा आउर मजबूत भइल बा। एह आयोजन से काशी के पहचान अब खाली धार्मिक नगरी के रूप में ना, बलुक राष्ट्रीय स्तर के खेल आयोजनन के केंद्र के रूप में मजबूत हो रहल बा। खेल आ संस्कृति के संगम के एह उदाहरण से शहर के प्रतिष्ठा आउर बढ़ी।
एह आयोजन से एक दिन पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट करत लिखले रहलें कि सरकार खेल आ खिलाड़ियन के हर स्तर पs प्रोत्साहन देवे खातिर प्रतिबद्ध बिया। बाबा विश्वनाथ के नगरी काशी में राष्ट्रीय वॉलीबॉल टूर्नामेंट के उद्घाटन करे के मौका उनका खातिर सौभाग्य के बात बा।
पहिला दिन के रोमांचक मुकाबला
पहिला दिन पुरुष आ महिला दूनो वर्ग में कइयन गो जोरदार मुकाबला खेलल जा रहल बा। पुरुष वर्ग में दिल्ली बनाम पुडुचेरी, बिहार बनाम उत्तर प्रदेश, सर्विसेज बनाम रेलवे जइसन मुकाबला दर्शकन के खूब रोमांचित करी। ओही तरे महिला वर्ग में झारखंड बनाम जम्मू-कश्मीर, महाराष्ट्र बनाम छत्तीसगढ़ आ ओडिशा बनाम पश्चिम बंगाल जइसन मैच खेलल जाई।
फेडरेशन कप खातिर क्वालीफिकेशन
ई टूर्नामेंट एहु लिहाज से खास बा कि एह में अच्छा प्रदर्शन करे वाली टीम फेडरेशन कप खातिर क्वालीफाई करी। पुरुष वर्ग में क्वार्टर फाइनल तक पहुंचे वाली टीम आ महिला वर्ग में सेमीफाइनल तक पहुंचे वाली टीम फेडरेशन कप में खेले के पात्र होइहें सs।
नियम आ अनुशासन
वीआईएफ के सचिव जनरल रामानंद चौधरी बतवलें कि टूर्नामेंट नवीनतम वीआईएफ नियम के अनुसार खेलल जाई। समय पs मैच रिपोर्ट ना करे वाली टीम पs 10 हजार रुपिया जुर्माना लगला के प्रावधान बा, संगही टीम के बाहरो कइल जा सकेला। मैच में स्पार्टन गेना आ नेट के इस्तेमाल कइल जा रहल बा।
Read Also: DGCA Guidelines : भारत में फ्लाइट में पावर बैंक चार्ज कइला पs बैन, DGCA जारी कइलस नया गाइडलाइंस








