Venezuela Crisis : अमेरिका के कब्जा के बाद भारत के हो सकेला अरब डॉलर के फायदा, रूस पs पड़ी बड़ असर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2026

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका वेनेजुएला में सैन्य कार्रवाई करत उहां के राष्ट्रपति निकोलस मादुरो के गिरफ्तार कs लेले बा। एह बड़ घटनाक्रम पs भारत सरकार के ओर से चिंता जतावत आधिकारिक बयान जारी कइल गइल बा।

Share

US control over Venezuela oil may benefit India and ONGC while impacting Russia

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका वेनेजुएला में सैन्य कार्रवाई करत उहां के राष्ट्रपति निकोलस मादुरो के गिरफ्तार कs लेले बा। एह बड़ घटनाक्रम पs भारत सरकार के ओर से चिंता जतावत आधिकारिक बयान जारी कइल गइल बा। हालांकि, मीडिया रिपोर्ट्स के मानल जावs तs एह बदलल हालात से भारत के बड़ा आर्थिक फायदा हो सकेला। जानकारन के मोताबिक, लमहर समय से अटकल भारत के करीब एक अरब अमेरिकी डॉलर के बकाया भुगतान अब वापस मिले के उम्मेद बढ़ गइल बा। संगही, वेनेजुएला में भारत के तेल उत्पादन दोबारा सुरू हो सकेला।

वेनेजुएला में तेल उत्पादन बढ़ा सकेला ओएनजीसी

एक समय भारत, वेनेजुएला से कच्चा तेल किने वाला बड़ देस रहे। भारत रोज करीब चार लाख बैरल से जादे कच्चा तेल वेनेजुएला से आयात करत रहे। बाकिर अमेरिका के कड़ा प्रतिबंध लगवला के बाद भारत 2022 में वेनेजुएला से तेल किनल बंद कs देलस। भारत के प्रमुख बिदेसी तेल उत्पादक कंपनी ओएनजीसी विदेश लिमिटेड (OVL), पूर्वी वेनेजुएला के सैन क्रिस्टोबल तेल क्षेत्र में संयुक्त रूप से काम करत बिया। हालांकि अमेरिकी प्रतिबंधन के चलते जरूरी तकनीक, मशीनरी आ सेवा के पहुंच बंद हो गइल, जवना से तेल उत्पादन बुरा तरे प्रभावित भइल। हालत ई रहे कि उत्पादन घट के रोजाना महज 5 हजार से 10 हजार बैरल पs आ गइल।

भारत के मिल सकेला अरबो डॉलर के बकाया

वेनेजुएला सरकार 2014 तक सैन क्रिस्टोबल क्षेत्र में आपन 40 प्रतिशत हिस्सेदारी के बदले ओएनजीसी के करीब 53 करोड़ अमेरिकी डॉलर के लाभांश के भुगतान ना कs सकल। बादो में लगभग एतने रकम के भुगतान अटक गइल। काराकास सरकार ऑडिट के अनुमति ना देलस, जवना से भुगतान से जुड़ल ममिला फंसल रहल। अब ऊर्जा विशेषज्ञ आ विश्लेषक मानत बा लोग कि अमेरिका के वेनेजुएला के तेल भंडार पs कब्जा के बाद प्रतिबंध में ढील मिल सकेला। जदि अइसन भइल त ओएनजीसी जरूरी उपकरण आ तकनीक ले जाके सैन क्रिस्टोबल में दोबारा तेल उत्पादन तेज कs सकेला। एकरा से उत्पादन बढ़े के आस बा आ ओएनजीसी आपन पिछिला करीब एक अरब डॉलर के बकाया वसूल सकेला।

रूस खातिर बढ़ सकेला परेसानी

वेनेजुएला के एह घटनाक्रम के असर रूस पs पड़ला के संभावना बा। दरअसल, अमेरिका के दबाव के बाद भारत तेल खरीद में विविधता ला रहल बा। अब जदि भारत वेनेजुएला से तेल खरीद बढ़ावत बा, तs रूस से तेल आयात घट सकेला। ओएनजीसी आ आउर भारतीय कंपनी वेनेजुएला में अउरियो तेल फील्ड हासिल कs सकेली सs आ उत्पादन सुरू कs सकेली सs। खास कs के कैराबोबो-1 इलाका, जवन वेनेजुएला के भारी तेल क्षेत्र हs, भारत के दिलचस्पी के केंद्र में बा। विश्लेषकन के माने के बा कि अमेरिका वेनेजुएला के सबसे बड़ तेल कंपनी PdVSA के पुनर्गठन में अहम भूमिका निभा सकेला, जवना से वैश्विक तेल बाजार में बड़ बदलाव आ सकेला।

साभार :  अमर उजाला

Read Also: National Volleyball Tournament : प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वाराणसी में 72वां राष्ट्रीय वॉलीबॉल टूर्नामेंट के कइलें उद्घाटन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.