पीएम मोदी 3 गो नया वंदे भारत ट्रेनन के देखवले हरियर झंडा

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज वर्चुअली 3 गो नया वंदे भारत ट्रेन के हरियर झंडा देखवले। वंदे भारत के इs तीनों नाया ट्रेन कर्नाटक, तमिलनाडु अवरू उत्तर प्रदेश के बहुत हिस्सा के जोड़ दिही। एहमें से पहिला वंदे भारत ट्रेन चेन्नई सेंट्रल से नागरकोइल, दुसरका मदुरै से बेंगलुरु कैंट आ तिसरका मेरठ सिटी-लखनऊ से चली.

पर्यटन में आइल उछाल 

झंडा देखावत पीएम मोदी कहले कि, ‘जबसे वंदे भारत ट्रेन शुरू भईल बा, जहां-जहां इs ट्रेन चलेले, ओहिजा पर्यटन में उछाल आईल बा। एहसे स्थानीय व्यवसायन के बढ़ावा मिलल बा आ रोजगार के नया अवसर पैदा भइल बा. एह उपलब्धि खातिर नागरिकन के बधाई देत बानी.

वंदे भारत आधुनिक भारतीय रेलवे का नया चेहरा

पीएम मोदी कहले कि “आज यूपी अवुरी खास तौर पs पश्चिमी यूपी के जनता के भी मेरठ-लखनऊ रूट पs वंदे भारत ट्रेन के माध्यम से खुशखबरी मिलल बा।मेरठ आ पश्चिमी यूपी क्रांति के धरती हs। आज इs क्षेत्र विकास के एगो नया क्रांति के साक्षी बन रहल बा। वंदे भारत आधुनिक भारतीय रेलवे के नया चेहरा ह।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-